‘‘बिग बॉस’’ का घर में निरहुआ दिल जीतलें

by | Oct 16, 2012 | 0 comments

भोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’ भलही टेलीविजन रियलिटी शो ‘‘बिग बॉस-6’’ से बाहर होखे वाला पहिला प्रतिभागी होखसु बाकिर एके हफ्ता में बिग बॉस के घरवइयन के संगे संगे मेजबान सलमानो खान के दिल जीत लिहलें. बिग बॉस से बाहर अइला का बावजूद निरहुआ अपना दर्शकन के ईमानदार बतावत ओह लोग के फैसला के इज्जत कइले बाड़न. कहलन कि बाहर अइला के कवनो मलाल नइखे आ जवना मकसद से आइल रहीं तवन पूरा हो गइल. कहलन कि ऊ जगहा आ माहौल उनुका सुभाव से मेल ना खइलसि. पढ़ीं उनुका से एह बारे में भइल बातचीत के अंश

दिनेश जी बिग बॉस के घर से एके हफ्ता में बाहर अइला पर कइसन लागल ?
हमरा बिग बॉस के घर में रहके आ एके हफ्ता में बाहर अइला के कवनो मलाल नइखे. जवना मकसद से शो में आइल रहीं तवन पूरा हो गइल. तेरह हफ्ता रहियो के एतने सीखतीं जतना पहिलका हफ्ता में सीख लिहनी.

बिग बॉस क बारे में का कहब ?
‘‘बिग बॉस’’ एगो संस्थान ह. एहिजा एक हफ्ता में हम जवन कुछ सीखनी तवन अपना तीस साल का जिनिगी में ना सीखले रहीं. स्टारडम नाहियो रहला पर अब हम जिनगी जी सकब. आपन काम खुद करे के कोशिश करब. बिग बॉस में ई सीखे के मौका मिलल कि कवनो काम भा इंसान छोट ना होखे.

एके हफ्ता में वोट आउट होखला के कारण का बा ?
हमार दर्शक ईमानदार हउवें आ ओहन के फैसला के हम कद्र करत बानी. ओहन लोग के फैसला सर माथे. आ ओह लोग के आर्शीवाद हमरा साथ बनल रही त बहुते कुछ जीत लेब. बिग बॉस के घर कवनो आम घर ना ह जहाँ एक परिवार के चार जने रहत होखसु. चौदह लोग का बीच रहे के होला, माहौल का हिसाब से बने के होला. हम अइसन ना कर पवनी. ऊ जगहा आ माहौल हमरा सुभाव से अलगा रहुवे. हमार दर्शक बहुते सिधवा आ साँच हउवें, ओह लोग के फैंसला हमरा मंजूर बा.

रउरा हिसाब से बिग बॉस के विजेता के होखी ?
हमरा हिसाब से बिग बॉस के विजेता उहे बनी जे दर्शकन के दिल जीती.

बिग बॉस का घर में राजीव व डेलनाज पॉल के ड्रामा क बारे में का कहब ?
साँचो हमरा मालूमे ना रहल कि दुनु तलाक ले चुकल पति-पत्नी हउवें. ई बात त हमरा घर से बहरा अइला का बाद पता चलल.

भविष्य में कवना कवना बिग बॉस प्रतिभागी से मेल जोल राखब ?
हम सपना जी, असीम भाई, संपत पाल, सिद्वुजी, ब्रजेश, सायंतनी, सना, करिशमा के सम्पर्क में रहल चाहब.

दुर्गा पुजा पर आपके दू गो फिलिम, ‘‘निरहुआ रिक्शावाला आई लव यू’’ आ ‘‘एक दुजे के लिए’’ रिलीज होखे हात बा. बताईं एहन का बारे में.
‘‘निरहुआ रिक्शावाला आई लव यू’’ व्यावसायिक मनोरंजक फिलिम ह जवना में निरहुआ रिक्शावाला के नया रूप नया तकनीक आ नईकी पीढ़ी के दर्शकन का पसंद के हिसाब से देखावल गइल बा. ई फिलिम लोग के भरपूर मनोरंजन करी. ‘‘एक दुजे के लिए’’ में हम आ पवन सिंह एक साथ नजर आएंब जा. ई एगो ररोमांटिक लव स्टोरी फिलिम ह. आ हमरा उमेद बा कि दुनु फिलिम बॉक्स ऑफिस पर हिट साबित होखी.

फेरू कवनो रियलिटी शो में नजर आएंब का ?
हमरा कवनो रियलटी शो के ऑफर मिलल त निश्चित रूप से करब काहे कि ओहिजा कुछ ना कुछ सिखही के मिली.


(प्रशांत निशांत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up