बिपिन सिंह हर तरह के किरदार निभवले बाड़े

by | Jan 23, 2011 | 0 comments


बिपिन सिंह अइसन भोजपुरिया कलाकार हउवन जे भोजपुरी सिनमा में हर तरह के फिल्मी किरदार निभा चुकल बाड़न आ हिन्दीओ फिल्म, जइसे कि “आगे से राइट, बेनी आ बबलू, साथ साथ” वगैरह, में काम कर चुकल बाड़न. रंगमंच के बीस साल से बेसी के अनुभव राखे वाला अभिनेता बिपिन सिंह हिन्दुस्तान भर में रंगमंचन पर आपन अदाकारी देखा चुकल बाड़न. बिपिन सिंह के फिल्मी कैरियर रविकिशन के आपन निर्माण कंपनी के बनावल फिल्म “बिहारी माफिया” से शुरु भइल आ तब से ऊ लगभग पचीस फिल्मन में काम कर चुकल बाड़न आ हर तरह के किरदार कर चुकल बाड़न. ऊ भोजपुरी टीवी चैनल महुआ टीवी पर अपना “लट्ठमार” अन्दाज में सामाजिक समस्या के गँवई तरीका से पेश कर के दर्शकन के वाहवाहीओ बटोरत बाड़न. बिपिन सिंह के नयका फिल्म “प्रीत के रीत निभइह सजना” के शूटिंग अगिला महीना से शुरु होखे जा रहल बा. एह फिल्म के निर्माण एगो कार्पोरेट कंपनी स्पीड मीडिया करत बिया आ एकर निर्देशक बाड़न अरविन्द ठाकुर. निर्मता हवें अभिषेक तिवारी.
(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up