भोजपुरी के सुप्रसिद्ध लोकगायक आ सुपर स्टार पवन सिंह के जबरदस्त धूम मचल बा बिहार में. १८ मई के रिलीज़ “बजरंग” के उबाल अबहीं थमले रहुवे कि “सौगंध गंगा मैया के” फिलिमो सफलता क परचम लहरा दिहलसि. अबहीं गुजरात में मिथिला टाकिज क श्री राजू निर्देशित फिल्म “रखेला शान भोजपुरिया जवान” का शूटिंग में व्यस्त पवन सिंह सफलता के गारंटी मानल जाए लागल बाड़ें. पवन सिंह के अनेके फिल्म प्रदर्शन ला तइयार बाड़ी सँ जवना में “डकैत”, “रंगबाज़ राजा”, “डोली चढ़ के सजन ससुराल चली” शामिल बा.

” राखेला शान भोजपुरिया जवान” से संगीत निर्देशनो के कमान थामे वाला पवन सिंह भोजपुरी के इकलौता अइसन गायक हउवन जिनकर सौ गो से अधिका गाना के प्रसारण अधिकार निजी चैनल म्यूजिक कंपनियन से निकहा दाम पर खरीदले बाड़ें.


(अपना न्यूज के रपट)

Loading

By Editor

2 thoughts on “बिहार में मचल बा पवन सिंह के धूम”
  1. Pawan bhai apke ego super hero ke film mileke chahi jekera mein aap very dangers man ke role mein hoke ke chahi and woh film ke name hoke ke chahi (SAJAN MERA GANGTAR) ekra bad dekhi pura bihar mein aur apan jila bhojpur mein garda kabar jai and Haryana mein bhee aapke bahut gana and movie bahut log dekhalan ja. Your districk brother name of sujeet kumar gupta village.khaira(bhojpur) don’tvery you are best actor of bhojpuri film.your song is very very…sweet.thanks for you reading.

Comments are closed.

%d bloggers like this: