भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्री न्यूज एक नजर में (19 जून 2011)

by | Jun 18, 2011 | 0 comments

रिलीज आ रिलीज के बाद

  • बिहार में पचासवाँ दिन का तरफ बढ़त बा दुश्मनी. निर्माता दुर्गा प्रसाद, निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय. मुख्य कलाकार दिनेशलाल यादव, विराज भट्ट, पाखी हेगडे, रिंकू घोष वगैरह.
  • विनय आनन्द अभिनीत फिल्म त्रिनेत्र के बिहार में चउथका हफ्ता. निर्माता प्रतिमा डी मिश्रा. निर्देशक शाद कुमार. मुख्य अभिनेता विनय आनन्द, दिव्या द्विवेदी, पंकज केसरी वगैरह. कैमरामैन से निर्देशक बनल शाद आ इंजीनियर से एक्टर बनल धर्मेश खातिर ई बड़का उपलब्धि बा. धर्मेश के काम के सभत्तर सराहल जात बा. एही लोग के ना, एह फिल्म के मिलल सफलता एकरा के विनय आनन्द, पंकज केसरी, विजय लाल यादव, समर्थ चतुर्वेदी, सीमा पाण्डेय, दिव्या द्विवेदी, रुबी सिंह, पूजा सिंह सभका खातिर एह फिल्म के खास बना दिहले बा. फिल्म में अंडर वाटर फिल्मावल गइल आयटम डांस एकर एगो जानदार खासियत बा. सपना आ सीमा सिंह के डांस सभके नचा रहल बा.
  • होत बा जवानी अब जियान ए राजा जी बिहार में चउथका हफ्ता. निर्माता सेवेन स्टार इन्टरटेनमेंट. निर्देशक अरविंद चौबे. मुख्य कलाकार विराज भट्ट, छोटू छलिया, रुबी सिंह वगैरह.
  • साजन चले ससुराल के बिहार में धमाकेदार दुसरका हफ्ता. निर्माता आलोक कुमार. निर्देशक प्रेमांशु सिंह. मुख्य कलाकार खेसारीलाल यादव, स्मृति सिन्हा वगैरह. बतावल जात बा कि फिल्म के छपरा, सिवान, मीरगंज, मोतिहारी, डेहरी, सासाराम, आरा, बक्सर हर जगहा रिकार्ड कलेक्शन मिलल बा. निर्माता आलोक कुमार के ई लगातार सातवाँ सुपर हिट फिल्म हो गइल बा. एह सफलता पर आलोक कुमार के बधाई.
  • हम हईं धर्मयोद्धा मुंबई में शान से रिलीज भइल. निर्माता नारायण सिंह गुड्डू. निर्देशक स्वप्निल मयंकर. मुख्य कलाकार सुदीप पाण्डेय, अविनाथ शाही, प्रिया शर्मा वगैरह. फिल्म शान से चलत बिया. एह पारिवारिक फिल्म में दू भाईयन के कहानी बा. बड़का भाई छोटका के शहर भेज के बड़का आदमी बनावे खातिर का का करत बा आ जब छोटका भाई बड़का आदमी बन जात बा त बड़का भाई के अपना कर्म के का फल मिलत बा, इहे देखावल गइल बा एह फिल्म में. प्रिया शर्मा आ कोमल ढिल्लो एह फिल्म के नायिका हईं जा.

रिलीज से पहिले सेंसर

  • लड़ाई ल अँखिया ए लौण्डे राजा २४ जून के बिहार में रिलीज होखी. निर्माता निर्देशक रामाकान्त प्रसाद. मुख्य कलाकार पवन सिंह, विराज भट्ट, मोनालिसा वगैरह.
  • १३ जून के मुंबई का स्टार हाउस में रंगबाज के स्पेशल स्क्रीनिंग कइल गइल. निर्माता एएससी डिजिटल. निर्देशक शिवराम यादव. मुख्य कलाकार हैदर काजमी, रानी चटर्जी, सीमा सिंह वगैरह.
  • यादव पान भण्डार के तीन गो देश, भारत, मारीशस, आ त्रिनिडाड में एक साथ रिलीज कइल जाई. निर्माता जीतेश दुबे. निर्देशक अजय कुमार. मुख्य कलाकार मनोज तिवारी, गुंजन पंत, मनोज टाइगर वगैरह.

पोस्ट प्रोडक्शन

  • प्राण जाई पर वचन ना जाई के पहिला कापी बाहर निकलल. निर्माता – महिपाल दास गुप्ता. निर्देशक – के॰डी॰. मुख्य कलाकार – रविकिशन, राजीव दिनकर, अक्षरा सिंह वगैरह.
  • केहु हमसे जीत ना पाई के संपादन पूरा भइल. निर्माता डा॰वजाहत करीम आ डा॰सुरहित करीम. निर्देशक एम आई राज. मुख्य कलाकार रविकिशन, रिंकू घोष, सुशील सिंह वगैरह.
  • राम लखन में एगो अउरी गाना जोड़ल गइल. निर्माता राजकुमार दहिमा. निर्देशक इकबाल बख्श. मुख्य कलाकार सुशील सिंह, अनारा गुप्ता, सोम यादव वगैरह.
  • ज्वाला मण्डी – एक प्रेम कहानी में एगो अउरी गाना जोड़ल गइल. निर्माता राजू सिंह. निर्दशक जगदीश शर्मा. मुख्य कलाकार रविकिशन, रानी चटर्जी, अवधेश मिश्रा वगैरह.
  • मल्ल युद्ध के डबिंग पूरा हो गइल. निर्माता सुनील चौहान, निर्देशक चाँद मेहता. मुख्य कलाकार रविकिशन, रानी चटर्जी, शुभम तिवारी.
  • पियवा बड़ा सतावेला के पोस्ट प्रोडक्शन के काम चल रहल बा. निर्माता विनोद गुप्ता आ अंकित शाह, निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय. मुख्य कलाकार रविकिशन, विराज भट्ट, रानी चटर्जी, कृशा खंडेलवाल वगैरह. एह फिल्म में रविकिशन आ विराज भट्ट के जोड़ी पहिला बेर आ रहल बा. फिल्म के निर्माता विनोद कुमार भोजपुरी सिनेमा के पहिलका अवार्ड के संस्थापक हउवें. रविकिशन के पूरा उमेद बा कि उनुकर आ निर्देशक राजकुमार पाण्डे के ई फिल्म “देवरा बड़ा सतावेला” जइसन कमाल कर के देखाई.
  • निरहुआ मेल के संपादन पूरा हो गइल. निर्माता के एस साईं बाबा, निर्देशक जी सुबब्बाराव. मुख्य कलाकार दिनेशलाल यादव, पाखी हेगडे, मनोज टाइगर वगैरह.
  • सईंया ड्राइवर बीबी खलासी के मिक्सिंग हो रहल बा. निर्माता अनुज गुप्ता निर्देशक अंजनी कुमार. मुख्य कलाकार कुणाल सिंह, रिंकू घोष, अवधेश मिश्रा वगैरह.

शूटिंग

  • तुलसी बिन सुना अँगनवा के स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग पूरा भइल. निर्माता आर॰बी शर्मा. निर्देशक शैलेश श्रीवास्तव. मुख्य कलाकार विनय आनन्द, मोनालिसा, एस एम जहीर वगैरह.

शूटिंग से पहिले

  • पिछला दिने निर्माता बी के सिन्हा के फिल्म तकदीर के संगीतमय मुहुर्त कुणाल सिंह का हाथे नारियल तूड़वा के करावल गइल. अशोक घवाहिल का संगीत पर उदित नारायण का आवाज में गाना रिकार्ड करावल गइल. फिल्म के निर्देशन कमर हाजीपुरी करीहे.
  • धक धक धड़के जियरा हमार के मुहुर्त करावल गइल. निर्माता रविशंकर ज्योति के कहना बा कि एह फिल्म में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीशो कुमार लउकीहे. फिल्म के कहानी के नायक दू भाई के किरदार मोहन राठौर आ आलोक कुमार करीहे आ रानी चटर्जी के मुख्य भूमिका रही.
  • रिंकू घोष अंधा कानून खातिर नायिका साइन भइली. एह फिल्म में कादर खान पहिला बेर भोजपुरी में आइल बाड़े. नायक मनोज तिवारी. एह फिल्म में मशहूर नृत्य निर्देशक गणेश आचार्य पहिला बेर मनोज तिवारी के निर्देशित करीहें.
    रिंकू घोष आ मनोज तिवारी छह साल बाद एक साथ कवनो फिल्म मे काम करे जा रहल बा लोग. एहसे पहिले ई जोड़ी “दरोगा जी आई लव यू” आ “सौगंध” जइसन हिट फिल्म दे चुकल बा. सौगन्ध साल २००५ में रिलीज भइल रहे आ एह जोड़ी के खूबपसन्द कइल गइल रहे.
  • नंबर वन निर्देशक राजकुमार पाण्डेय नंबर वन खलनायक संजय पाण्डे के एक बेर फेर अपना फिल्म खातिर साइन कइले बाड़न. दुनु जने एह बेर नौंवा हाली एक साथ काम करे जा रहल बा.

चलते चलत इहो जान ली

  • हालही में जब वोडाफोन कंपनी अपना गाहकन के अपना चहेता स्टार से बितयावे खातिर एगो स्पेशल सेवा स्टार टॉक के शुरुआत कइलसि त मनोज तिवारी से बतियावे खातिर एके घंटा में दू लाख लोग फोन कर दिहल. अब अतना लोग से अतना कम समय में त नाहिये बतियावल जा सकत रहे से चुनिंदा बीस लोग के बात करे के मौका मिल पावल आ बाकी लोग के एह बात के आडियो सुन के संतोष करे के पड़ल. मनोज तिवारी से बतियावे वालन में हर उमिर के लोग रहे. बतावल जात बा कि पिछला बेर अइसने एगो कार्यक्रम में एगो दोसर सुपर स्टार से बतियावल चाहे वालन के संख्या तीने हजार तक चहुँप पावल रहे.
  • महेश पाण्डे के शादी २४ जून के बनारस में होखे जा रहल बा. छोटका परदा पर कहानी घर घर की, क्योंकि सास भी कभी बहू थी जइसन धारावाहिक लिख लिख के एगो नया ट्रेंड शुरु करे वाला महेश पाण्डे ३३२ मुंबई टू इण्डिया, गब्बर सिहं, हम बाल ब्रह्मचारी तू कन्या कुँआरी जइसन फिल्मन के निर्माण आ निर्देशनो कर चुकल बाड़े. महेश पाण्डे के शादी बनारस के कन्या मधु का साथे होखे जा रहल बा आ एह शादी में भोजपुरी सिनेमा के बहुते लोग मौजूद रहेवाला बा.
  • टी सीरीज से औलाद के म्यूजिक रिलीज भइल. निर्माता दिनेश लाल यादव निरहुआ, निर्देशक असलम शेख. मुख्य कलाकार निरहुआ, प्रवेशलाल, पाखी हेगडे, शुभी शर्मा वगैरह.
  • Rahul Khanपटना के रहेवाला राहुल खान भोजपुरी फिल्म में कलाकार का रुप में आपन कैरियर शुरु कइले बाड़े. बाबूजी के मन रहे कि बेटा इंजीनियर बने त ऊ बन गइले. बाकिर साथही एक्टिंग करे के सपनो जिन्दा रखले. रविकिशन अभिनीत फिल्म “युद्ध हथकड़ी” के शूटिंग में राहुल खान हालही में शामिल हो के लवटल बाड़न.

(स्रोत – प्रशान्त निशान्त, शशिकान्त सिंह, समरजीत, उदय भगत, व अन्य)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up