कबो नक्सली हिंसा आ नरसंहारन का चलते देश-विदेश में चर्चित रहल जहानाबाद में अब फिलिमन के शूटिंग होखल शुरू हो गइल बा. आ ई संभव भइल पाली काको निवासी हैदर काजमी उर्फ गुड्डु का अथक प्रयास से.

ए॰एस॰सी॰ डिजीटल प्रा॰लि॰ का बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘कालिया’ के शुभ मुर्हूत पिछला बुध का दिने जहानाबाद के काको-पाली में कइल गइल. साथ ही 25 दिन के शूटिंगो शुरू कर दिहल गइल. मूर्हूत बिहार सरकार के नगर विकास मंत्री प्रेम कुमार जद (यू) विधायक राहुल शर्मा आ समाजसेवी राहुल समीरा का मौजूदगी में क्लैप देके कइलन. मंत्री प्रेम कुमार कहलन कि जहानाबाद में शूटिंग होखल बतावत बा कि बिहार अब बदल गइल बा आ एहिजा अमन शांति के माहौल बावे आ विकास के गंगा बहतिया.

एहसे पहिले हिंदी में ‘पथ’ अउर ‘बॉबी’ आ भोजपुरी में ‘रंगबाज’ बना चुकल आ ‘साई बाबा’ आ अलिफ लैला समेत अनेके धारावाहिकन में मुख्य भूमिका निभा चुकल हैदर काजमी के कहना रहल कि बहुते दिन से मनसा रहुवे कि अपने गॉव में शूटिंग करीं. काहे कि जवना माटी के खुशबू में हम पलइनी बढ़नी ओहसे दगा कइसे कर देती. बाकिर तनिका माहौल साथ ना देत रहुवे. लेकिन अब सब कुछ ठीक-ठाक बा त एहिजा शूटिंग शुरू कइनी आ बरिसन के साध पूरा गइल.

फिल्म के लेंखक-निर्देशक शिवराम यादव कहलन कि जहानाबाद में शूटिंग के पूरा माहौल बा. एहिजा के हरियाली भरल खेत खरिहान गाछ-बिरिछ आ नदी-नाला फिल्मकारन के लुभावत बा. अगर राज्य सरकार तनि एनियो ढ़ेयान दे देव त जहानाबाद दोसरकी मायानगरी बन सकेले.

इंसानी जज्बात अउर असीम रिश्तन का कहानी पर बनत एह फिल्म में मुख्य भूमिका हैदर काजमी, अक्षरा सिंह, सी. पी. भट्ट, राम मिश्रा, पूजा यादव, कृष्ण मुरारी, सुषमा सिन्हा, निलोफर, सुमंती बनर्जी, सीमा सिंह, एलिशा, राकेश यादव, विपीन सिंह, बालेश्वर सिंह, शैलेश सिंह, राणा, अभिजीत राय, अउर अनिल यादव निभावत बाड़े..

गीतकार अरविन्द तिवारी, संगीतकार अमन के॰ श्लोक, संवादलेखक मनोज पाण्डेय, छायाकार मनीष के॰ जैन, मार-धाड़ निर्देशक रियाज सुलतान, कला निर्देशक आशीष कोलटे, संपादक गोविन्द दुबे, ध्वनि अंकनकर्ता सलीम खान, नृत्य निर्देशक अगिनेश, मुख्य सहायक निर्देशक राजेश राज, विशेष छायाकार अशोक मेहता, आ निर्माण नियंत्रक राजा साह अउर जय प्रकाश गुप्ता हउवें.

फिल्म के शूटिंग पाली, काको, जहानाबाद, नालंदा आ राजगीर वगैरह जगहन पर कइल जाई.


(रंजन सिन्हा आ शशिकांत सिंह के रपट से)

 368 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: