अपना दमदार अभिनय से दर्शकन क दिल जीते वाला सफल अभिनेता राम मिश्रा अब पूरा तरह से भोजपुरी सिनेमा में व्यस्त हो गइल बाड़न. लगभग 35 गो हिंदी फिलिम में अभिनय कइला का अलावे राम मिश्रा अनेके गुजराती, मराठी आ छत्तीसगढ़ी फिलिम “जरत हईं जिया मोरा” में अपना अभिनय प्रतिभा के जलवा जारी रखलन.

बात कइल जाव भोजपुरी फिलिमन के त राम मिश्रा के फिलिमन में अबही ले “जाड़े में बलमा प्यारा लगे”, “गर्दा गर्दा कइले बाडू जब से भईलू सायन”, “मोरा बलमा छैल छबीला” आ “रंगबाज़” वगैरह शामिल बाड़ी सँ. विराज भट्ट आ रानी चटर्जी अभिनीत फिल्म “घात” जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. राम मिश्रा “रंगबाज़” आ “कालिया” का बाद करने के तुरते दिव्या इंटरप्राईजेज के “तिलक तराजू और तलवार” खातिर साइन कर लिहल गइलन. एह फिल्म के शूटिंग जल्दिये जौनपुर में शुरु होखे वाला बा.


( अपना न्यूज के रपट)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: