ManmohanTiwari‘रानी चली ससुराल’ एगो अइसन पारिवारिक फिलिम जवना में एक्शन, रोमांस आ इमोशन के भरपूर तड़का बा. एही फिलिम से सामने अइलें मनमोहन तिवारी. पहिला हाली भोजपुरी जगत में एगो अइसन एक्शन हीरो आइल बा जवना के लात अक्षय कुमार के तरह चलेले आ जे शाहरुख खान का तरह रोमांस करेला.

मनमोहन तिवारी के आदमी एहसे पहिले स्टार प्लस के धारावाहिक मन की आवाज़ ‘प्रतिज्ञा’ में देखले रहुवे. ईहो बात जाने जोग बा कि मनमोहन कराटे में ब्लैक बेल्ट हउवन आ अनेके कम्पटीशन जीतले बाड़न, अपना पहिलके फिलिम में अपना अभिनय, आ एक्शन से दर्शकन के दिल जीत लिहले बाड़न मनमोहन. पेश बा उनके से भइल बातचीत के कुछ अंश

मनमोहन तिवारी जी, सबसे पहिले त अपना बैकग्राउण्ड क बारे में बताईं.
हम बिहार के भोजपुर से आइल हईं आ अभिनय के अपना ललक का चलते दिल्ली के एगो थिएटर ग्रुप में करीब डेढ़ साल काम कइनी. फेर मुंबई अइनी त मज़ाक-मज़ाक में रियलिटी शो ‘राखी का स्वयंवर’ में पहुंच गइनी. फेर त ‘जमुनिया’, ‘आरक्षण’, ‘क्राइम पेट्रोल‘ अउर ‘होंगे जुदा ना हम’ जइसन अनेके धारावाहिक कइनी. स्टार प्लस के धारावाहिक ‘प्रतिज्ञा’ में राधे भैया के हमार किरदार बहुते सराहल गइल आ लोग हमरा के मनमोहन का बदले राधे कहि के बोलावे लागल.

आपके पहिलका भोजपुरी फिलिम ‘रानी चली ससुराल’ 19 अप्रैल के बिहार में रिलीज हो चुकल बा. फिलिम में कइसे अइनीं?
दरअसल, फिल्म ‘रानी चली ससुराल’ के लेखक महेश पाण्डे जी से हमार पुरान परिचय ह. चूंकि ऊ अनेके धारावाहिकन में हमार अभिनय देखले बाड़न से हमरा सोझा फिलिम ‘रानी चली ससुराल’ में काम करे के नेवता दिहलें त बड़का परदा पर आवे के कशिश का चलते हम सकार लिहनी आ ई फिलिम हमार पहिलका फिलिम बन गइल.

एह फिलिम में रानी चटर्जी जइसन सफल अदाकारा संगे काम करत कइसन अनुभव भइल ?
बहुते लाजवाब. दरअसल रानी सिनेमा भोजपुरी के एगो सफल आ बड़ अभिनेत्री हई, ई त हम सुनलही रहीं. बाकिर उनका संगे काम करे के पता चलल कि ऊ बढ़िया इंसानो हई. कबो महसूस ना होखे दिहली हमरा के कि ऊ बड़ अदाकारा हई. हमरा साथे पूरा सहयोग कइली आ समय समय पर गाइडो कइली. उनका साथे मौका मिले त दुबारा तिबारा काम कइल चाहब.

एह समय कवन कवन फिलिम बा रउरा लगे ?
‘सपूत’ आ ‘महाबली’ में त नजर आवे वाला बानी साथही कुछ अउरिओ फिलिमन के बात चलत बा जवना का बारे में अबहीं बतियावल ठीक ना रही. सपूत में हम पुलिस इंसपेक्टर बनल बानी जबकि हमार भाई एगो गुंडा बा. हमार नायिका पूनम बाड़ी. भाई के भूमिका में खेसारीलाल यादव बाड़न. साथही संजयो पांडे बाड़न.

मनमोहन जी, मल्टी स्टार फिलिमन के दौर में का अइसन फिलिम कइल चाहब ?
निश्चित रूप से. काहे कि एहमें कवनो बुराई नइखे. शर्त बस एतने बा कि दमगर होखे आ हमार किरदार खास होखला क साथही कहानी के जुड़ल होखे. वइसे हम हर तरह के किरदार कइल चाहब काहे कि कलाकार त पानी का तरह होला जवन बरतन का हिसाब से बन जाला. दर्शक लोग के हँसइबो करब, जरूरत पड़ला पर रोइबो करब, आ हर ऊ काम करब जवना से लोग हमार अभिनय देख सको.


(शशिकांत सिहं)

Loading

By Editor

One thought on “भोजपुरी सिनेमा में एगो नया रोमांटिक एक्शन हीरो आइल”

Comments are closed.

%d bloggers like this: