भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम भोजपुरी दबंग के अबकी साथ देत बाड़े केबीजे ग्रुप के स्वामी आ इंडियन बुलियन एंड ज्वैलर्स एसोशिएशन लिमिटेड के अध्यक्ष मोहित कंबोज. सीसीएल २०१४ में शामिल भोजपुरी दबंग क्रिकेट टीम के मोहित कम्बोज आ अक्ष कम्बोज खरीदले बाड़न.
कप्तान हउवे मेगास्टार मनोज तिवारी आ उपकप्तान सुपर जुबिली स्टार निरहुआ. पिछला दिने मुंबई के सांताक्रूज स्थित कलीना के एयर इंडिया ग्राउंड में एकर लांचिग करत टीम के परिचय करावल गइल. टीम में शामिल सितारन में प्रवेश लाल यादव, विक्रांत सिंह, उदय तिवारी, प्रकाश जैस, आदित्य ओझा, सुशील सिंह, अयाज खान, जय यादव, वैभव, विकास सिंह आ सुर्या शामिल बाड़े. कोच बाड़े संतोष सिंह.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)