हमार टीवी के क्रिएटिव हेड रहल मनोज भावुक अब आपन नइकी पारी अंजन टीवी संगे शुरू कइले बाड़न जहाँ ऊ एग्जीक्यूटिव प्रोड्यूसर बन के आइल बाड़ें. चार साल ले हमार टीवी पर मनोज भावुक फिल्म, साहित्य, संगीत, कवि सम्मलेन का संगही सेक्सुअल प्रोब्लम जइसन मुद्दा पर जोरदार तरीका से एंकरिंग करत लउकलें आ भोजपुरिया दर्शकन बीच एगो बढ़िया पहचान बा उनकर.
16 साल पहिले पटना दूरदर्शन पर भोजपुरी साहित्यकारन आ कलाकारन के साक्षात्कार से मनोज अपना पत्रकारिता के केरियर शुरु कइले रहन. साल 1998 में भोजपुरी के पहिला टीवी सीरियल ‘सांची पिरितिया‘ में बतौर अभिनेता आ साल 1999 में ‘तहरे से घर बसाएब‘ टीवी सीरियल में कथा-पटकथा, संवाद आ गीत लेखक रहलन. एने हाल में मनोज दू गो भोजपुरी फिलिमन ‘सौगंध गंगा मईया के’ आ ‘रखवाला‘ में अभिनय कइलन, महुआ के लोकप्रिय रियलिटी शो ‘भौजी नo 1′ में बतौर जज आ अधिकारी ब्रदर्स के दबंग चैनल के ‘बहुत ख़ूब’ में बतौर कवि आपन सेवा दिहलन.
मनोज के अंजन टीवी से जुड़ला के एगो बड़हन सफलता मानल जात बा. मनोज भावुक के रूप में चैनल के एगो अइसन चेहरा मिलल बा जेकर निकहा पहचान बा भोजपुरिया दर्शकन आ समाज में . एह बारे में मनोज भावुक के कहना बा कि ऊ कवनो चैनल से बेसी भोजपुरी क हउवन, अब चैनल उनुका से जवन करा ले. ई त चैनल पर बा कि ऊ उनुका लेखन आ एंकरिंग अनुभव के कतना फायदा उठावत बा, आ मुसुकात कहलन कि – चरागों का कोई अपना मकाँ नहीं होता / ये जहां रहते हैं वही रोशनी लुटाते हैं …..
(अनूप पाण्डेय)