महमूद के पैरन में पाँख लागल…

by | Sep 6, 2011 | 0 comments

हौसला बुलंद होखे त मंजिल क़दम तरे आइये जाले. लेखक -निर्देशक महमूद आलम पर ई कहावत एकदम फिट बइठेला. एगो टी वी चैनल के कैमरामैन से शुरू भइल उनुकर सफ़र आजु अपना बुलंदी पर बा. कैमरा का बैग आ त्रिपाड उठवले इवेंट दर इवेंट घूमे वाला शख्स आज करोड़ों के लागत से बनत फिलिमन के बोझ अपना कान्हे उठवले घूमऽता. आ उहो पूरा यकीन का साथ. भला कामयाबी दोसर का होला ?

महमूद तकनीक आ कल्पना के बेजोड़ फेंट अपना फिलिमन में पेश कइल चाहेलन. अमूमन ई होला कि जब कवनो कैमरामैन निर्देशक बनेला त फिल्म तकनीकी रूप से भलही सशक्त होखे, कहानी आ कल्पना के स्तर पर बेजान नज़र आवेले. इहाँ ले क़ि अशोक मेहता जइसन निर्देशको एह मिथक के ना तूड़ पवले. लेकिन महमूद आलम अपवाद साबित भइलन. महमूद के तकनीक का साथे साथ कंटेंटो के बढ़िया समुझ बा. उनुकर पहिलका फिल्म “प्यार के बंधन न टूटे मितवा” के रशेज जेही देखल उहे मानल कि फिल्म तकनीक मे त मजगर बड़ले बा, कंटेंटो में बेजोड़ बा. हालांकि महमूद के ई फिल्म अबही ले रिलीज नइखे भइल बाकिर तबहियो महमूद का लगे फिलिमन के लाइन लागल बा. “गवनवा के साड़ी” अउर “प्यार हो के रही” जल्दिये फ्लोर पर जाये वाली बाड़ी सँ. साथ ही “साजन बिन पार्टी” आ “आये हम बराती” ओ पर काम शुरू हो चुकल बा.

महमूद आलम के कहना बा कि फिल्ममेकिंग आर्ट से बेसी साइंस ह. अगर सही गणना आ इरादा से फिल्म बनावल जाव त ओकरा नाकामयाबी के सवाले नइखे. उमेद कइल जाव कि महमूद आलम भोजपुरी सिनेमा के अपना एह समुझ से जरूर फायदा चहुँपइहे.


(स्रोत – स्पेस क्रिएटीव मीडिया)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up