केहु के लाग ना सकल ओकरा कद के अंदाज
बा आसमान में बाकिर मुड़ी नवा के चलेला.

ई बाति एकदम सटीक बइठता जिला- जहानाबाद, बिहार के गाँव अली नगर, पाली, के मूल निवासी आ सिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज कहात अभिनेता हैदर काज़मी पर, जे भोजपुरी सिनेमा के उठावे खातिर बड़हन काम करत बाड़ें. कहे खातिर त सबहीं सिनेमा भोजपुरी के ट्रेड बदले के दावा करेला बाकिर हैदर काज़मी कहला ना कइला में विश्चास करे वाला आदमी हउवें. एहसे आजु भोजपुरी के सगरी फिल्म इंडस्ट्री उनुकर कायल हो गइल बा.

जी.सी.जैन कामर्स कालेज चाईबासा, झारखण्ड से पढ़ाई पूरा कइला क बाद दिल्ली थियेटर से जुड़ल हैदर काजमी अपना मुंबई आवे के श्रेय मशहूर अभिनेता मनोज कुमार के देलें जिनकर निर्देशित धारावाहिक ‘भारत के शहीद’ में पहिला बेर हैदर काज़मी के अभिनय करे के मौका मिलल. तब ऊ महज पन्द्रह साल के रहलें. धारावाहिक में ऊ खुदीराम बोस बनल रहलें. फेर मेगा हिट धारावाहिक ‘अलिफ़ लैला’ से एगो बड़ शुरुआत क बाद ‘साईं बाबा’ धारावाहिक में ‘साईं बाबा’ के किरदार कइलन. सतीश कौशिक निर्देशित ‘हादसा’ के अलावा अउरियो कई धारावाहिकन में अभिनय कइलन हैदर. एह बीच ऊ आपन कूरियर बिजिनेसो शुरू कर दिहलन..

बहुमुखी प्रतिभा के धनी हैदर काज़मी के सफ़र लगातार जारी रहल. साल 2003 में हैदर काजमी हिंदी फिल्म ‘पथ’ से फिल्म निर्माणो का क्षेत्र में उतरलन. एह फिल्म में मुख्य भूमिको कइलन हैदर काज़मी. साथी कलाकार रहलें पायल रोहतगी, राखी सावंत आ शरद कपूर वगैरह. फिल्म के निर्देशक रहलें शिवराम यादव. बाद में फिल्म ‘बाबी’ बनवलें आ अभिनेत्री मोनालिसा के पहिला ब्रेक दिहलें, फिल्म के निगेटिव कटिंग दिलीप कुमार कइले रहलें. हैदर अभिनीत आ बनावल फिल्म ‘कजरी’ के फिल्म फेस्टिवलो में खूबे सराहल गइल,

एह सब का बावजूद बिहार के भोजपुरिया माटी उनुका के खींचत रहल आ तब पर साल शिवराम यादव निर्देशित सुपर-डुपर हिट भोजपूरी फिल्म ‘रंगबाज़’ बना आ चला के हैदर साबित कर दिहलन कि बिहार के माटी के ई लाले असली रंगबाज़ ह. हैदर काज़मी आ रानी चटर्जी के मुख्य भूमिका वाली रंगबाज पर साल के सबले बड़का हिट रहल आ अब उनुकर दोसर फिलिम ‘कालिया’ रिलीज होखे वाली बा. एकरो निर्देशक शिवरामे यादव हउवें. मुख्य भूमिका में हैदर काज़मी, अक्षरा सिंह, सी.पी. भट्ट, पूजा यादव, अलीशा, राम मिश्रा, बिपिन सिंह, बालेश्वर सिंह अउर अनिल यादव बाड़ें,

फेर हैदर काजमी सिनेमा भोजपुरी के बढ़ावा देबे ला आपन ‘नरजिस म्यूजिक’ खोललें जवना से साबित कर देखवलें कि भोजपुरी फिलिमन के संगीतो से निर्माता लोगन के फायदा हो सकेला. फिल्म निर्माता लोग के बतावल जात बा कि रिंगटोन के बिजनेस से बहुते फायदा होला. ‘ नरजिस म्यूजिक’ कम्पनी के माध्यम से हैदर काज़मी छोटका निर्मातन के ओह लोग के हक़ ईमानदारी से पहुँचावत बाड़ें.

आमिर खान का तरह गिनल चुनल फिलिम करे वाला हैदर काज़मी के फिलिमन में बिगुल, आजमगढ़ के कट्टा, जगीरा वगैरह जल्दिए रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. एह बीच हैदर भोजपुरी फिल्म ‘दीवानगी’ साइन कइले बाड़न.


(अपना न्यूज के रपट)

 447 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: