भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी भोजपुरी फिल्म “मर्द नं॰ १” में रजनीकांत का तरह सिगरेट लहरावत, आ हवा में कलाबाजी खात नजर आवे जा रहल बाड़े, फिल्म के सबले खास बाति ई बा कि एकरा के एकही साथ बारह देस में रिलीज करावल जाई. भोजपुरी आ तेलुगू में बनल एह फिल्म के निर्माता ह७वें बी ओबुलसुब्बा रेड्डी, जे एहसे पहिले “निरहुआ नं॰ १” आ “खिलाड़ी नं॰ १” बना चुकल बाड़न. फिल्म के बाकी कलाकारन में हास्य अभिनेता मनोज टाइगर, मुख्तार कान, मधु, चिट्टू बाबू आ विकास सिंह शामिल बाड़े.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Advertisements