निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के नयकी फिलिम ‘हिम्मतवाला’ के फस्ट लुक से भोजपुरी इंडस्ट्री में जबरदस्त चरचा शुरू हो गइल बा. एह फिलिम में जबरदस्त एक्शन, बेहतरीन कहानी आ कर्णप्रिय गीत संगीत बा. रमाकांत प्रसाद हमेशा से एक से बढ़ के एक हिट फिलिम देत आइल बाड़ें आ अब ‘हिम्मतवाला’ फिलिम से रमाकांत प्रसाद फेरू हंगामा मचाए वाला बाड़न.

‘हिम्मतवाला’ के निर्माण आदि शक्ति इंटरटेनमेंट अउर कुमारी माई मूवीज मिल के कइले बा, गीत लिखले बाड़ें प्यारेलाल यादव अउर राकेश मिश्रा. मुख्य कलाकारन में एक्शन किंग विराज भट्ट, तनु चटर्जी, सुप्रेरणा सिंह, प्रिया शर्मा, अनिल यादव, वंदिनी मिश्रा, पुष्पा वर्मा, सीमा सिंह, प्रनाली, देव सिंह, विनोद मिश्रा, सिद्धार्थ आ मुकेश राज के नाम बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: