भोजपुरी के सुपर स्टार रवि किशन आ नयकी तारिका टुलिप सिंह के अभिनय से सजल फिल्म धमाल कइलऽ राजा के शुरुआत पिछला दिने शूटिंग का साथ मुंबई में करावल गइल. जलाराम प्रोडक्शन का बैनर में बने वाली एह फिल्म के निर्माता रमन नैयर आ निर्देशक चन्द्रसेन सिंह हउवन. गीत बिपिन बहार के त संगीत मधुकर आनन्द के बा. लेखक पारस जायसवाल, छायाकार आर आर प्रिंस, नृत्य निर्देशक रामदेवन, एक्शन मास्टर दर्शन सिहं हउवे. फिल्म में रवि किशन आ टुलिप सिंह का अलावे गिरीश शर्मा, नीलिमा सिंह, पंकज बेरी, आ सुरेन्द्र पाल के खास भूमिका बा.
धमाल कइलऽ राजा के आयटम डांस में डांसिंग क्वीन संभावना सेठ आ सीमा सिंह रहीहे. फिल्म लव स्टोरी वाली पूरा तरह से रोमांटिक फिल्म होखी. निर्देशक के कहना बा कि फिल्म दर्शकन के बेहद पसंद आई.
(स्रोत – प्रशांत निशांत)
265 total views, 2 views today