रवि किशन मय हो गइल सीमांचल

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के एह घरी बिहार का सीमांचल में धूम मचल बा. पहिला बेर एह इलाका में शूटिंग करे आइल रवि किशन के अपना आँखे देखे खातिर रोजे हजारो लोगन के भीड़ लाग जात बा. गैर भोजपुरी इलाका होखला का बावजूद रविकिशन खातिर लोग के दिवानगी के आलम ई बा कि शूटिंग वाला हर जगहा मेला जइसन लागत बा. अगल बगल दूकान सज जात बा आ लोग शूटिंग करत रविकिशन के देखत खाएपिए के मजा लेत रहत बा.

.
बतावे जोग बा रवि किशन एहिजा पुर्णिया में अपना हिंदी फिल्म “जीना है तो ठोक डाल” के शूटिंग करत बाड़न. अपराध का बैकड्राप पर बनत एह फिलिम में रवि किशन मुख्य भूमिका में बाड़न. फिल्म के निर्देशक मनीष वात्सल्य पुर्णिये के रहे वाला हउवे एहिसे ऊ एहिजा शूटिंग करे के फैसला कइले.

मैला आँचल का बाद पहिला बेर कवनो हिंदी फिल्म के शूटिंग एह इलाके में होखत बा एहसे अगल बगल का इलाकन में उत्साह के माहौल बन गइल बा. रवि किशन के फिलिमन, छोटका परदा आ अनेके विज्ञापन फिलिमन में देखत आइल लोग उनुका के साक्षात देखे खातिर दूरदराज से जुटत बा. मजा के बाति ई बा कि भीड़ सम्हारे के काम खुद रवि किशन उठा रखले बाड़. उनुका एक आवाज पर भीड़ शांत हो जाले. वइसे पुर्णिया के पुलिस अधीक्षक अमित लोढ़ा रवि किशन के सुरक्षा में एक दर्जन पुलिसवालन के लगा रखले बाड़े.

रवि किशन के कहना बा कि सीमांचल के लोग उनुका के अतना प्यार करेला एकर अंदाजा उनुका ना रहुवे, बड़े बुजुर्ग आ नवहियन का साथे गाँव जवार के मेहरारूवन के भीड़ से उत्साहित रवि किशन एकरा के अपना बाइस साल के तपस्या के प्रसाद बतावत बाड़े. बहरहाल कश्मीर से कन्या कुमारी तक हर जगहा दर्शकन के चहेता रहल भोजपुरिया सुपर स्टार सीमांचल के लोग से मिलल एह नेह से अभिभूत बाड़न.


(उदय भगत के रपट से)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up