रवि किशन ला भाग्यशाली रहल 12/12/12

by | Dec 14, 2012 | 0 comments

एकही दिन में 5 गो फिलिम साइन कइले

ravikishanसिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन खातिर एह सदी के अनोखा तारीख 12/12/12 बहुते भाग्यशाली रहल. एह दिन ऊ कुल 5 गो फिलिम साइन कइलन जवना में चार गो भोजपुरी के आ एगो हिंदी के फिलिम बावे. ओह दिन रविकिशन पहिला फिलिम साइन कइलन “विजयी भवः”. ओरियो मिडिया के एह फिलिम के शूटिंग जनवरी में शुरू होखी. एकर निर्देशन करीहें हर्ष आनद.
अगिला फिलिम रहल निर्देशक बबलू सोनी के अबही बिना नाम के भोजपुरी फिलिम जवना में रवि किशन आ खेसारी लाल पहिला बेर एक संगे अइहें. अगिला तीन गो भोजपुरी फिलिम रहली स जीना तेरी गली में, छोरा गंगा किनारे वाला आ सन्यासी. एह फिलिमन के निर्देशक रहीहें भोजपुरी सिनेमा के सबले लोकप्रिय निर्देशक राज कुमार पाण्डेय. रवि किशन आ राजकुमार पाण्डेय के हिट जोड़ी एहसे पहिले देवरा बड़ा सतावेला, आ लहरिया लूटा ए राजा जी जइसन सुपर हिट फिलिम दे चुकल बा. देवरा बड़ा सतावेला के त सिनेमा भोजपुरी के इतिहास के सबले बड़ हिट कहल जाला.
रवि किशन एह बात पर खुशी जतवले कि अइसन अनोखा तारीख के ऊ पाँच गो फिलिम साइन कइलन.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up