अमिताभ बच्चन के फिलिमन के नाम के नकल करे वाला अभिनेता शमीम खान ’अंधा कानून’ के बाद अब फिलिम ’गुलाम’ में रानी चटर्जी का संगे बेहतर अभिनय करत नज़र अइहें. अमिताभ बच्चन के आपन आदर्श माने वाला शमीम खान जल्दिए बॉलीवुड के कुछ बड़ बैनरन के बड़की फिलिमन में अभिनय करत नज़र अइहें.
फिलिम गुलाम के निर्माता शंभू पांडेय हउवें आ एह फिलिम में मनोरंजन के सगरी मसाला मौजूद बा जवन दर्शक चाहेलें, जइसे कि एक्शन, रोमान्स, आ कॉमेडी. शंभु पांडे प्रोडक्शन आ उदय सिंह प्रोडक्शन के बैनर तर बनत एह फिलिम के अबहीं पोस्ट प्रोडक्शन काम मुंबई में चलत बा आ एकरा के जल्दिए रिलीज कइल जाई.
फिलिम के सह निर्माता मोहन दास आ सी बी त्रिपाठी, निर्देशक विजय सोलंकी, संवाद-गीत अरविंद तिवारी, संगीत अमन श्लोक, छायांकन प्रमोद पांडे, नृत्य कानू मुखर्जी और संजय कोरवे, फाईट सिंह इज किंग, एडिटर नकुल प्रसाद, कथा-पटकथा शंभु पांडे.
मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, शमीम खान, विक्रांत सिंह, कोमल ढिल्लन, साहिल शेख, राज वशिष्ठ, शंभु राणा, संजय पांडे आ अली खान वगैरह बाड़ें.
(संजय भूषण पटियाला)
0 Comments