“निरहुआ रिक्शावाला” फिल्म से भोजपुरी के जुबिली स्टार बन गइल दिनेश लाल यादव निरहुआ के विधायक के चुनौती देबे वाला अंदाज दर्शकन के अतना नीक लागल कि ऊ फिल्म कई गो रिकार्ड बना दिहलसि सफलता के. निरहुआ अब ले आ रहल बाड़न “निरहुआ मेल” आ एहमें ऊ एसपी के चुनौती देत नजर अइहें. निर्माता के॰एस॰साईं बाबा आ ए॰दास के फिल्म श्री प्रियंका पिक्चर्स का बैनर तले बन रहल बा आ निर्देशन करत बाड़े जी॰सुब्बाराव. फिल्म के शूटिंग यमन के खुबसूरत लोकेशन पर करावल जा रहल बा. एहू फिल्म में निरहुआ के नायिका बाड़ी पाखी हेगडे. बाकी कलाकारन में शामिल नाम बाड़ी सं कामेडी किंग मनोज टाइगर, अवधेश मिश्रा, गोपाल राय, ललन सिहं, अजय घोष आ रोजा उस्मानी के.
एह साल अबले “आखिरी रास्ता” आ “दिलजले” जइसन सुपर हिट पिक्चर दे चुकल निरहुआ के आशा बा कि उनकर “निरहुआ मेल” फर्राटा लगावत दउड़ी.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

 54 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: