बिहार के छपरा जिला के सुभन छपरा गाँव से आइल जीत कुमार जब मुंबई घूमे अइलन त उनुकर भेंट संजोग से संगीतकार अशोक घायल से हो गइल जे उनुका के फिल्म “गंगा मईया तोहे चुनरी चढईबो” में अभिनय करे के मौका दिहले. एकरा बाद फिलिमन में अभिनय करे के उनुकर दिवानगी बढ़ते गइल आ तब अभिनय के बारीकि सीखे खातिर स्काँन थियेटर ग्रुप से जुड़के बहुते सारा शो करत गइले आ फिल्मों में अभिनय करत रहले. ई सिलसिला आजु ले जारी बा. अब जल्दिये रिलीज होखे वाली फिल्म “लखैरा” से ऊ आपन एगो नया छवि दर्शकन का दिलोदिमाग में बइठावे का इन्तजार में बाड़े.
बकौल जीत कुमार “फिल्म “लखैरा” में उनुकर किरदार दर्शकन के जरूर पसंद आई काहे कि ई एगो अइसन नवही के बा जे पटना शहर में रहके फ़िल्मी हीरो बने के सपना देखत रहऽता. संजोग से एक दिन ऊ सुपर स्टार बनियो जात बा. सपना साँच होखे तक के जवन ड्रामा बा ऊ सगरी दर्शकन के मन मोह ली.
निर्माता कृष्ण यादव, निर्देशक संजय सिन्हा आ मुख्य भूमिका मनोज दाव, कल्पना शाह, मनीष चतुर्वेदी,निरुपमाश्री, तेज नारायण, सुबोध सेठ, बबलू सिंह, राघवेन्द्र सिंह, मनीष महिवाल, श्याम मल्होत्रा, धर्मेद्र सिंह, कमलेश पटेल, अशोक गुप्ता अउर आलोक यादव बाड़े. आईटम नृत्य पर ठुमका लगवले बाड़ी संभावना सेठ.
(अपना न्यूज के रपट से)
317 total views, 2 views today