इलाकाई संगीत के नंबर वन कंपनी वेव म्यूजिक ने हाल ही में पांच गो बड़की भोजपुरी फिलिमन के संगीत अधिकार खरीदलसि. एह फिलिमन में एक्शन किंग विराज भट्ट, शुभम तिवारी, सुप्रेणा सिंह आ सीमा सिंह अभिनीत ‘लड़ब मरते दम तक’, पवन सिंह स्टारर ‘वीर बलवान’ आ ‘बनारस वाली’, ‘प्यार मोहब्बत ज़िन्दाबाद’ आ निर्देशक राजकुमार पांडे के फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ शामिल बा. एह फिलिमन के लाजवाब गीत संगीत से सजल सीडी आ एमपी थ्री बाजार में उपलब्ध बा.
वेव म्यूजिक कंपनी के चेयरमैन कुमार गौतम के कहना बा कि एह फिलिमन के संगीत एह साल के बेहतरीन संगीत में से बा जवना के सुननिहार चाव से सुनीहें आ पसंद करीहें.
(शशिकांत सिंह)
0 Comments