पिछला दिने एगो भोजपुरी फिल्म “सईंया भइल परदेसी” के संगीत मुहुर्त मुंबई में करावल गइल जहवाँ मशहूर भोजपुरी गायिका कल्पना, इन्दु सोनाली, आ सबले बढ़ के उदित नारायण का आवाज में फिल्म के सगरी गाना रिकार्ड करावल गइल. फिल्म में एक दर्जन गाना बाड़ी सँ जवना में से चार गो त आयटमे सांग हईं सँ. गाना फिल्म के निर्माता रामजी सिंह खुदे लिखले बाड़न. फिल्म के निर्देशन हाजीपुर के नरेन्द्र सिंह करीहें. फिल्म खातिर कलाकारन के चयन चल रहल बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: