अंजना सिंह के मिलल पुरवैया अभिनय कला सम्मान

by | Sep 8, 2012 | 0 comments

पिछला दिने लखनऊ के हजरतगंज में “पुरवैया” संस्था का ओर से राज्य के बाल विकास आ बेसिक शिक्षा मंत्री राम गोविन्द चौधरी अउर समाजसेविका अनुराधा मिश्रा के हाथे सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक अंजना सिंह के पुरवैया कला सम्मान २०१२ से सम्मानित कइल गइल. एह मौका पर भोजपुरी क चर्चित गायिका देवी, नौ बरीस के आर.टी आई कार्यकर्ता बेबी ऐश्वर्या शर्मा, अंजन टी वी के सीईओ मंजीत हंस, सी.बी.सिंह, सुरेन्द्र गिरी, मनीष सिंह गुरु भाई, अनिल कुमार, धनंजय प्रताप वगैरह सम्मानित होखे वालन में शामिल रहल.

कार्यक्रम में देवी आपन लोकगायन पेश कइली. अंजना सिंह अपना धन्यवाद ज्ञापन में कहली कि उहो ना सोचले रहली कि उनका शहर के लोग उनुका के खास अतिथि बना के सम्मानित करी. कहली कि सम्मान मिलला से कलाकारन के उत्साह बढ़ेला आ उहो अपना के गौरवान्वित महसूस करत बाड़ी.


(उदय भगत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up