अकल के कमी से नकल प जोर

by | Oct 20, 2014 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा जगत से जुड़ल लोग अपना अकिल के कमी डुगडुगी पीट के दुनिया के बतावत रहेले. कबो कवनो कलाकार के बालीवुड के कवनो कलाकार के नकल बतावल जाला त कबो हिन्दी के कवनो मशहूर फिलिम के नकल बनावे के एलान कइल जाला.

मजे के बाति ई होला कि खुद हिन्दी फिलिमन में हालीवुड के नकल होखत रहेला. अब रउरा खुदे अन्दाज लगा लीं कि नकल के नकल का बाद कतना शकल बाचल रही चिन्हाए ला. भोजपुरी सिनेमा के दुर्दशा के जिम्मा अइसन निर्माता निर्देशक आ कलाकारन पर बा जे बिना सोचले समुझले भोजपुरी फिलिम बनावत रहेले जवना फिलिमन के भोजपुरी समाज, भासा भा संस्कार से कवनो मतलब ना होखे. बस केहू तरह पइसा बनावे के बा एह लोग के.

पइसा बनावे का फेर में सी ग्रेड टाइप के फिलिमन बनावल जाला, दुअर्थी संवाद डालल जाला आ कवनो बेहूदा तरह के आयटम नंबर. फिलिम के लागत निकाले खातिर कवनो आँख के आन्हर गाँठ के मजगर आदमी के बुड़बक बझा लिहल जाला. कई बेर त ई लोग ऊ कलाकार होलें जे सिनेमा जगत के चकाचौंध से खिंचाइल बाप दादा के कमाई लगा देले फिलिम बनवावे में. म्युजिक सीडी आ विडियो के कारोबार में त ई धंधा अउरी चोख तरह से चलावल जाला. आ गवईआ लोग रोजे फँसत रहेला एह धंधेबाजन के जाल में.

पिछला दस साल से हम इंतजार करत बानी कि कबो त कवनो अइसन फिलिम आई भोजपुरी में जवना के चरचा सगरी दुनिया में होखी. बाकिर अकल के कमजोर के नकल में कतना बरियार होखीहें. देखल जाव कब कवनो आँचलिक कहानी पर मजगर फिलिम बन के आवत बा.

एही सब से उबिया के भोजपुरी सिनेमा के समाचार पर मेहनत कइल बंद क दिहले बानी. भोजपुरी सिनेमा आ संगीत के खबर हिंदी में देबे लागल बानी बाकिर ओहू में सुधार करहीं के पड़ेला. बस तनी मेहनत कम होखेला.

आजु अचानके अतना कुछ कहे के पड़ गइल काहे कि हिंदी फिलिम के नकल पर बनत एगो फिलिम के खबर फेर आइल बा.
– ओम

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up