pub-4188398704664586

अजय दीक्षित के शानदार शुरुआत

by | Apr 22, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार अजय दीक्षित एह साल २०११ में आपन शानदार शुरुवात हालिया रिलीज़ फिल्म “करेंट मारे गोरिया” से कइले बाड़न. एह फिल्म में ऊ एगो ईमानदार पुलिस अधिकारी के भूमिका में बाड़े. पिछला शुक के रिलीज भइल “करेंट मारे गोरिया” के शानदार सफलता मिलत दिखाई दे रहल बा. मारुती क्रियेशन का बैनर में निर्माता रमन पंचौरी अउर आभा सिंह आ निर्देशक टी .बौबी सिंह के एह फिल्म में अजय के किरदार के बहुते लोग पसंद करत बा. एह बढ़िया शानदार शुरुआत से अजय आ फिल्म के पूरा यूनिट उत्साहित बा.

अजय दीक्षित के अगिला फिल्म आवे जा रहल बा “पापी के पाप काहे गंगा धोये” जवना के निर्देशक बाड़े ब्रजभूषण. बढ़िया कहानी आ ब्रजभूषण के कुशल निर्देशन का चलते एहू फिल्म के सफलता तय मानल जा रहल बा. अगिला महीना अजय दीक्षित के एगो अउरी फिल्म आवे जा रहल बिया “बागी”. लेखक – निर्देशक ए॰आर॰एस॰ सरकार के एह फिल्म के कहानी मात्र बीस घंटे के बावे. ईंट भट्ठा पर काम करे वाला कामगारन पर होखे वाला अत्याचार के कहानी बयां करे वाली एह फिल्म के विषय लीक से हटके बा. फिल्म में उनका अपोजिट बाड़ी नवोदित नायिका रानू पाण्डेय. बहरहाल अपना शानदार शुरुवात के चलते अजय आ उनुका निर्माता निर्देशकन के हौसला बुलंद बा.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586