अजीत आनन्द के प्रेमलगन

पिछला दिने वैली व्यू फार्म हाउस, गोलपहाड़ी मे भोजपुरी फिल्म “प्रेमलगन” के मुहुर्त नवोदित अभिनेता अजीत आनन्द आ पूजा सिंह के शॉट ले के करावल गइल. नवोदित निर्माता रामाकान्त प्रसाद के ई पहिलका फिलिम ह आ एकर निर्देशन करत बाड़न नितेश सिंह निर्मल. निर्माता रामाकांत प्रसाद के कहना बा कि ई उनकर पहिला फिल्म ह एहसे उम्मीद करीहें कि फिलिम सफल होखे आ ऊ आगे अउरी फिलिम बनावसु. कहलन कि अजीत आनन्द में उनुका प्रतिभा झलकल त उनुका के अपना फिल्म में ब्रेक दे दिहलन. अजीत आनन्द के लोग अबले बतौर गायक जानत रहल हा.

फिल्म के गीतकार आर आर पंकज, गोविन्द ओझा आ नीतेश निर्मल, कैमरा मैन शिव जी अउर नृत्य निर्देशक अभिजीत मनीष आ मृत्युंजय गुप्ता हउवें. एक्शन वरुण के बा. कलाकारन में मनीष महिवाल, जय सिंहम सुमंता बनर्जी, जफर वारिस खान, बिपिन बहार, आर के जी आ बाल कलाकार सचिन गुप्ता के नाम बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up