अभिनेत्री अनारा गुप्ता भोजपुरी फिल्म “राम लखन” में माधुरी दीक्षित जइसन भूमिका में नजर आवे वाली बाड़ी. इकबाल बख्श के निर्देशन में राज कुमार दायमा के बनावल एह फिल्म में अनारा गुप्ता के भूमिका के बसंती वाला लुक दिहल गइल बा. फिल्म “राम लखन” के लखन बानल बाड़े जानल पहिचानल अभिनेता सुशील सिंह जबकि राम का भूमिका में नवोदित अभिनेता सोम यादव बाड़े. अनारा गुप्ता फिल्म के कई सीन में बीड़ी पियत लउकिहें शायद कहल चाहत बाड़ी “जिगर में बड़ी आग है, बीड़ी जला ले पिया”. फिल्म में अनारा गुप्ता के मदमस्त डांसो बा. अपना “आल टाइम फेवरिट” अभिनेत्री माधुरी दीक्षित जइसन रोल पा के अनारा बहुते खुश बाड़ी. फिल्म के नागेश मिश्रा प्रस्तुत कर रहल बाड़न. गीत विनय बिहारी प्यारेलाल यादव कवि, आ संतोष पुरी के लिखल बा जबकि संगीत संयोजन आबिद जमाल के बा. नृत्य निर्देशक दिलीप मिस्त्री आ कैमरा मैन अरुप हाजरा हउवें.
(स्रोत – शशिकांत सिंह)
0 Comments