सेंसर बोर्ड का चलते भोजपुरी हृदय सम्राट मनोज तिवारी के फिल्म ‘अंधा कानून’ सगरी तइयारियन का बावजूद पिछला हफ्ता रिलीज ना हो पावल. अब एकरा के ईद पर रिलीज कइल जाई.
जुल्म आ जुर्रत का खि़लाफ जज़्बा से लड़त मनोज तिवारी के जबरदस्त एक्शन एह फिल्म में नजर आई. एह फिल्म के निर्माता बाबू भाई त्यागी के स्पेशल इफेक्ट के जादूगर मानल जाला. ‘अंधा कानून’ के सिनेविस्टा जइसन जानलमानल कंपनी प्रस्तुत करत बिया त मुंबई में नम्बर वन वितरक प्रदीप भईया ईद पर रिलीज करत बाड़ें.
निर्देशक हउवें इसरार अहमद के एह फिल्म में पहिला बेर मनोज तिवारी संगे दू गो नायिका बाड़ी. सेक्सी बाला रानी चटर्जी आ भोजपुरी ड्रीम गर्ल रिंकू घोष. साथी कलाकारन में शमीम खान, रानी चटर्जी, उमेश सिंह, संतोष श्रीवास्तव, सी.पी. भट्ट, नागेश मिश्रा, एहसान खान, अली खान, इरफान खान, जय प्रकाश, लईक खान अउर अवधेश मिश्रा के नाम बा. आईटम गर्ल सीमा सिंह आ खुशी गुप्ता पर दिलकश आईटम गीत बा. लेखक मोहम्मद सलीम, छायांकन एस. प्यारे, संगीतकार वैष्णवदेवा, गीतकार नजहर मेहरसबी आ तौफीक पल्लवी.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)
0 Comments