pub-4188398704664586

अभय सिन्हा के जंग

by | Mar 2, 2011 | 1 comment


मशहूर भोजपुरी फिल्म निर्माता अभय सिन्हा अब “जंग” ले के आवत बाड़े. एहसे पहिले ऊ “बंधन टूटे ना, प्यार के बंधन, जनम जनम के साथ, हम बाहुबली, रणभूमि, आज के करन अर्जुन” जइसन सफल फिल्म दे चुकल बाड़न. “जंग” यशी फिल्म्स प्रा॰ लि॰ का बैनर में बनल बा आ महुआ मीडिया प्रा॰ लि॰ एकरा के प्रस्तुत कइले बा. भोजपुरी के सुपर स्टार पवन सिंह आ मोनालिसा का साथ एह फिल्म में गुल हमीद, प्रेरणा, सुदेश कौल, आकाश सहाय, उल्हास, मेहनाज, दीपक सिन्हा, रवि उज्जैन आ एहसान खान वगैरह कलाकार शामिल बाड़े. फिल्म के निर्देशन अरशद खान के, गीत विनय बिहारी के, संगीत लाल सिन्हा. कहानी मनोज हंसराज के, एक्शन शकील शेख के आ कैमरा शकील अंसारी के बा. नृत्य निर्देशन पप्पू खन्ना, हसीना मेहनाज आ रामदेवन के बा. कार्यकारी निर्माता हउवें अंजनीकांत श्रीवास्तव आ कला निर्देशक विजय दास.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

Loading

1 Comment

  1. Abhay kumar

    mai Abhay hu mere pas ek bahut hi good kahani hai aap call karne -9525595663

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586