आनंद संग तहलका मचइहन रवि किशन

by | Apr 18, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन आ राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता निर्देशक आनंद गहतराज एक बार फेर कवनो फिल्म खातिर साथे जुड़ल बाड़न फिल्म “तहलका” खातिर. एह दुनु जने के ई चउथकी फिल्म होखी. एकरा पहिले दुनु जने राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता पहिलका भोजपुरी फिल्म “कब होई गवना हमार” का अलावे “क़ानून हमरा मुट्ठी में” आ निर्माणाधीन फिल्म “खेला” में साथे बाड़न. निर्माता बिट्टू सिंह आ गोपी यादव के फिल्म “तहलका” के भव्य मुहूर्त पिछला दिने पनवेल स्थित सुर्वे फार्म हाउस में अभिनेता ब्रिजेश त्रिपाठी के हाथे नारियल फोड़वा के कइल गइल.

राज सेन के संगीत आ एस.कुमार के गीतन से सजावल एह फिल्म में रवि किशन का अलावे अवधेश मिश्रा, श्री कंकानी आ राकेश जायसवाल मुख्य भूमिका में बाड़े. रवि किशन के नायिका अबही तय नइखे भइल. फिल्म के छायाकार नरेन्द्र पटेल, एक्शन निर्देशक जीतू सिंह, सम्पादक गोविन्द दुबे आ कार्याकारी निर्माता विजय आर. सिंह हउवें. तहलका के मुहूर्त के अवसर पर अभिनेता सुशील सिंह, प्रकाश जैस, ब्रिजेश त्रिपाठी, अवधेश मिश्रा, चेतना गहतराज सहित फिल्म जगत से जुड़ल अनेके लोग मौजूद रहल.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up