आरकेस्ट्रा से शुरु होके रिकार्डिंग स्टूडियो ले

by | Dec 20, 2010 | 0 comments

यूपी के सोनभद्र के रत्ना पाण्डेय जब पहिला पहिल गायकी का क्षेत्र में डेग धरली त उनुका सगे संबंधियन के एक कहना रहे कि रत्नवा नाक कटा दिहलसि ! अब जब रत्ना आरकेस्ट्रा से आगा बढ़ के स्टूडियो में आपन गाना रिकार्ड करावे लागल बाड़ी, देश विदेश में स्टेज शो करे लागल बाड़ी त विरोधियन के बोलती बन्द बा आ सभे रत्ना के गायकी के आनन्द उठा रहल बा. रत्ना के पिताजी हमेशा रत्ना के साथ दिहलें, हौसला बढ़ावत रहले. रत्ना आजु के भारतीय समाज में लड़कियन के स्थिति के प्रतीक बाड़ी जेकरा के आपन प्रतिभा सामने ले आवे के मौके ना दिहल जाला. हाल ही में जब रत्ना पाण्डे स्टूडियो में फिल्म “राम लखन” खातिर आपन गाना रिकार्ड करवली त ओहिजा मौजूद सभे केहू उनका कण्ठ के प्रशंसा करे लागल.

रत्ना पाण्डेय कई एक संगीत एलबम में गा चुकल बाड़ी. आवे वाला दिन में फिल्म “रामलखन”. “अग्निकुण्ड”, आ “दिल तोहरे प्यार में पागल हो गइल” में रत्ना के गाना सुने के मिले वाला बा. रत्ना पाण्डेय भोजपुरी फिल्म “रामलखन” के प्रस्तुतकर्ता एडवोकेट नागेश मिश्रा आ निर्देशक इकबाल बख्श के खूबे प्रशंसा करेली कि ऊ लोग उनकर बहुते हिम्मत बढ़ावल. कहली कि मन बा कि फिल्म में अभिनयो करतीं बाकिर तबे जब कवनो साफ सुथर किरदार करे के मिलो. रत्ना पाण्डेय के भरोसा बा कि उनकर भविष्य बढ़िया बा आ लोग उनकर बड़ाई करी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up