उत्तर प्रदेश में धाक जमावत बाड़े संजय पाण्डेय

आजुकाल्हु भोजपुरी सिनेमा के नामी खलनायक आ आजमगढ़िया संजय पाण्डेय अपना माटी आ अपना भाषा भोजपुरिया के परमसुख लेबे में लागल बाड़न. उनका पाँच गो फिल्मन के शूटिंग एह घरी यूपी में चल रहल बा. आजमगढ़ में असलम शेख निर्देशित आ निरहुआ इंटरटेनमेंट के फिल्म “औलाद” के शूटिंग, जौनपुर में नंद किशोर महतो निर्देशित आ निर्माता जे पी सिंह के फिल्म “बजरंग” के शूटिंग, प्रतापगढ़ में “राजा के रानी से प्यार हो गइल” के शूटिंग, गोरखपुर में “कहीं दिया जले कहीं दिल” के शूटिंग आ लखनऊ में “हार न पाई प्यार हमार” के शूटिंग हो रहल बा. संजय पाण्डेय चाहत बाड़न कि असहीं कबो उनुका दर्जन भर फिल्मन के शूटिंग बिहार में होखे कि ऊ एक साल ले बिहारे में रहसु. देखल जाव संजय पाण्डेय के ई तमन्ना कहिया पूरा होत बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up