हर कलाकार अपना कवनो खासियत खातिर हरदम चरचा में रहेला. एह कड़ी में रोबदार आवाज के धनी अभिनेता अनिल यादव के नामो शामिल हो गइल बा. अनिल हमेशा गिनले चुनल फिलिम करेले बाकिर सगरी हिट हो जाली सँ, चरचा के विषय बन जाली सँ. उनुकर पहिलके फिलिम सुपर डुपर हिट “मुन्ना बजरंगी” में उनुकर किरदार “डाकू बबुआ” के लोग आजुओ भुलाइल नइखे काहे कि ऊ शोले के गब्बर याद दिआवेला.
अनिल के हालिया रिलीज सुपर हिट फिल्म “खून-पसीना” में खूंखार ठाकुर बलदेव सिंह के किरदार दर्शक अभी भुलाइल नइखल तबले जल्दिये रिलीज होखे वाला “कजरा मोहब्बत वाला” में ऊ खलनायक के किरदार जियतार करे वाला ठाकुर अमर सिंह बनल बाड़न. एह फिल्म में खलनायकीए में उनुकर मुकाबला कुणाल सिंह से होखे वाला बा.
निर्माता हरीश जैसवाल आ प्रमोद शास्त्री के एह फिल्म में अनिल के अभिनय लाजवाब बावे. एकरा अलावे अनिल निर्माता मनोज चौधरी आ निर्देशक रवि भूषण के “डकैत” फिलिमो में दमदार खलनायकी करत बाड़े. साथही मशहूर निर्माता- निर्देशक रमाकांत प्रसाद के फिल्म “जानवर” के शूटिंग जल्दिये शुरू होखे वाली बा. अनिल मिथिला टाकीज़ के दू गो फिलिम “गुमराह” आ “कुर्बानी” ओ में आपन दमदार मौजूदगी देखावे वाला बाड़े. हैदर काजमी के “कालिया” फिलिमो में अनिल यादव के देखल जाई.
(अपना न्यूज के रपट से)