‘कलुआ भईल सयान’ 18 मई से बिहार का सिनेमाघरन में

भोजपुरी के डायनामिक एक्टर शुभम तिवारी आ चरचित लोक गायक कलुआ के फिल्म ‘कलुआ भईल सयान’ 18 मई से बिहार में देखावल जाई. प्रताप फिल्म्स इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति आकाश फिल्म्स इंटरटेनमेंट के बैनर में निर्माता शिव प्रताप सिंह आ रितेश कुमार ठाकुर, अउर सह निर्माता वीर प्रताप सिंह हउवें. रितेश कुमार ठाकुर एहसे पहिले सुपर डुपर हिट फिल्म ‘तू ही मोर बालमा’ बनवले रहले.

अरविंद अकेला उर्फ कलुआ के एह फिल्म से बतौर नायक पेश कइल गइल बा. निर्देशिक ओ.पी. कश्यप, गीतकार आर.आर. पंकज आ शशि बावला, संगीतकार राज सेन, कोरियोग्राफर जे.डी., कैमरामैन प्रिंस, अउर कथा-पटकथा आ संवाद लेखक खुद ओ.पी. कश्यप हउवें.

त सयान हो गइल कलुआ के देखे ला 18 मई, 2012 के तइयारे रहल जाव.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up