कवनो दायरा में ना बन्हल चाहसु बिपिन बहार

by | Jun 1, 2011 | 1 comment

नब्बे का दशक में एक से एक फूहड़ गीत लिखे वाला गीतकार बिपिन बहार अब ओहसे तौबा कर लिहले बाड़न. पहिले ऊ बस एगो स्टार खातिर गीत लिखत रहले बाकिर अब हर कलाकार खातिर लिखत बाड़े. सत्तर चूहा खा के बिलाई चलल हज के वाला अंदाज में अब बिपिन बहार भोजपुरी भाषा खातिर संवेदनशील बन गइल बाड़न आ भोजपुरी के पहिला लाइब्रेरी खोले के श्रेय अपना नामे लिखा लिहले बाड़े. पिछला दिने उदय भगत से बातचीत करत बिपिन बहार आपन सफाई पेश करत कहलन कि तब के ऊ सब फूहड़ गीत समय आ श्रोता लोग का माँग पर लिखाइल रहे. आजुवो भोजपुरी इलाकन में शादी बिआह का समय दुअर्थी गीत गावल जाले. ओह घरी जब ऊ बढ़िया लिखे के चहले त उनुका के रोक दिहल गइल. कहे लोग कि साधु जन बनऽ. लोग गरियावत बा , मतलब तू सफल बाड़ऽ! एहसे देर त जरुर भइल सुधरे में बाकिर अब खुश बानी.

एगो खास स्टार से नजदीकि का बात पर बिपिन बहार के कहना रहे कि नजदीकी के लोग गलत मतलब निकाल लिहल. बाकिर अब सभका खातिर आ हर संगीतकार खातिर लिखत बाड़े बिपिन बहार. अपना गरम मिजाज का बारे में बिपिन बहार के कहना रहे कि ऊ केहु के अनाचार बरदाश्त ना कर पावसु. चाहे बिहार झारखण्ड में शूटिंग के मसला रहल भा अवार्ड में गड़बड़ी के मसला, बिपिन के दावा बा कि ऊ हमेशा साच लिखलन बोललन. उनुकर इहो कहना बा कि उनुके मेहनत से म्यूजिक कंपनी गीतकारन के पारिश्रमिक बढ़वली सँ.

अभिनय के आपन शौक बतावत बिपिन के कहना रहे कि अगर कवनो निर्माता अभिनय खातिर दाम देता त तइयार हो जाले काहे कि रुपिया केकरा ना भावे. बियाह, भोजपुरिया डोन, मुन्ना पाण्डेय बेरोजगार में बिपिन के अभिनय के लोग खूब सराहल. अबही हालहू में ऊ अजीत आनन्द का साथे प्रेम लगन के शूटिग कर के लवटल बाड़े. बिपिन बहार कई गो फिल्मन में अभिनय करत बाड़े.

बिपिन बहार अपना बातचीत में बहुते साफगोई से कहले कि गलत प्रचार प्रसार से भोजपुरी सिनेमा के बहुते नुकसान भइल बा. हि्न्दी सिनेमा के गॉसिप छपेला बाकिर भोजपुरी सिनेमा के गलत खबर. एहसे देखेवाला लोग भरमा जाला. आजु हर बकवास फिल्मो के सुपर हिट लिखात बा आ जब दर्शक ई पढ़ के सिनेमा देखे जात बा त गरियावत बाहर आवत बा. दोसरे भोजपुरी सिनेमा के गुटबाजियो एकर बड़का दुश्मन बा.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

1 Comment

  1. Abhishek Bhojpuriya

    राउर वक्त्व्य आछा लगल ! रउरा असही आपन लेखनि के आगे बढवत रही हामार शुभकामना रउरा साथे बा!

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up