pub-4188398704664586

काजल के चुनावी टिकट आ कुछ अउर खबर

by | Oct 10, 2011 | 0 comments

  • भोजपुरी अभिनेत्री काजल निषाद के उत्तर प्रदेश विधानसभा के अगिला साल होखे वाला चुनाव में कांग्रेस पार्टी गोरखपुर ग्रामीण सीट से आपन उम्मीदवार बनवले बिया. भोजपुरी फिल्म “शादी बियाह” में अभिनय खातिर सराहल गइल काजल बहुते धारावाहिकन में काम कर चुकल बाड़ी. सब टीवी के शो “लापतागंज” में काजल निषाद एगो चुनौतीपूर्ण भूमिका करत बाड़ी. काजल भोजपुरी का अलावे हिन्दी आ गुजरातियो फिलिमन में काम कर चुकल बाड़ी. (शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
  • सुदीप पाण्डेय अभिनीत फिल्म “कुर्बानी” देखे खातिर दोसरको हफ्ता में भीड़ उमड़ल आवत बा. फिल्म में सुदीप के किरदार एगो मुस्लिम नौकर के बा जे अपना मलकिनी के खुश राखे खातिर सब कुछ कुर्बान कर देत बा. एह फिल्म के नायिका बाड़ी सुहासिनी. (संजय शर्मा)
  • सुदीप पाण्डेय आजकल अपना फिलिम “लाज” के शूटिंग में व्यस्त बाड़े. एह फिल्म में उ राबिनहुड का तरह के डकैत बनल बाड़े जे ठाकुर जमींदार के अत्याचार से गाँव के लड़िकियन आ गाँवो के रक्षा करत बा. सुदीप पाण्डेय के ई किरदार उनुका एक्शन स्टार वाली इमेज का चलते मिलल. एह फिल्म में सुदीप का साथे अनारा गुप्ता, रिंकु घोष आ गुंजन पंत बाड़ी.(संजय शर्मा)
  • जलाराम प्रोडक्शन के “धमाल कईला राजा” अउर “काली” अबही प्रोडक्शने का दौर में बा, तबले जलाराम प्रोडक्शन दू गो अउरी फिल्म बनावे के एलान कर दिहले बा. अगिला फिल्म “राजपूत पवन सिंह” खातिर तुलिप सिंह आ पवन सिंह के साइन कइल गइल बा. प्रोड्यूसर रमण नैय्यर के एह फिल्म के निर्देशन रामदेवन करीहें. “राजपूत पवन सिंह” एगो जांबाज़ पुलिस ऑफिसर के कहानी बा, जे दिलेरी से अपना फर्ज़ के अंजाम देऽता. तुलिप सिंह के किरदारो अनोखा बा. जलाराम प्रोडक्शन के दोसरका फिल्म खातिर रवि किशन के साइन कइल गइल बा. एहू फिल्म के हीरोइन तुलिप सिंह बाड़ी. एह तरह दू गो ऑन फ्लोर अउर दू गो अप कमिंग फिलिमन का साथे जलाराम प्रोडक्शन इंडस्ट्री पर आपन दबदबा बनवले राखल चाहत बा.(स्पेस क्रिएटिव मीडिया)
  • महुआ टीवी के डांस रियलिटी शो “नाच नचैया धूम मचैया” में एह हफ्ता पवन सिंह के धमाल देखे के मिलल. पवन सिंह अपना फिलिम “ट्रक ड्राइवर” प्रोमोट करे आइल रहले आ साथ में रहली नायिका अंजना सिंह आ नायक प्रदीप पाण्डेय चिंटू. अबकी का एपिसोड में स्मृति सिन्हा अपना पार्टनर प्रदीप का साथे एगो शानदार प्रस्तुति दिहली. एह के देख सगरी जज आश्चर्यचकित रह गइले.(प्रशान्त निशान्त)
  • आजु काल्हु मुंबई के चप्पा चप्पा पर हैदर काजमी के रंगबाजी देखे के मिल जाई. भोजपुरी फिल्म “रंगबाज” के पोस्टर पूरा मुंबई में देखे के मिलत बा. ई पहिला बेर भइल कि कवनो निर्माता कवनो सुपर स्टार के ओकर मुँहमाँगा दाम ना दे के प्रचार पर खूब खरच कइलसि आ ओकर फायदो मिलल. मुंबई में पहिलका हफ्ता पचीस लाख रुपिया के फायदा मिलल बा. बिहार में ई फिल्म पचासा लगा चुकल बिया आ उहो पूरा बम्पर कलेक्शन का साथे. (शशिकांत सिंह)
  • भोजपुरी सिनेमा अबही ले ठाकुर, हवेली आ शहर से पढ़ के गाँवे आइल नायिका भा नायक ले सीमित रहत रहे. बाकिर अब एगो फिलिम में सेना से निलंबित अधिकारी एगो फारेस्ट आफिसर के गद्दार साबित कर के ओकर पूरा परिवार बरबाद करे वाला देश का साथे दुश्मनी करे वाला गद्दार के कहानी देखे के मिली. एह फिल्म में पूरा बारह गो स्टार देखे के मिलिहें. डा॰ विजाहत करीम के बनावल एह फिल्म के शूटिंग गोरखपुर में करावल गइल बा.(शशिकांत सिंह)
  • ब्राउन आई इंटरटेनमेंट का बैनर में बनल फिल्म “सुगना” के एह घरी गाना खूब से सुनल जात बा. अजय ओझा के बनावल आ निर्देशित एह फिल्म के संगीत टी सीरीज पर जारी भइल बा. फिल्म के मुख्य कलाकारन में आदित्य ओझा, राजीव दिनकर, काजल राघवानी, कल्पना शाह आ प्रमोद माउथो बाड़े. (शशिकांत सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586