हिन्दी सिनेमा के मशहूर गायक उदित नारायण, मोहम्मद अजीज, पंकज उधास, शान आ कुमार शानू, सभे अब भोजपुरी भाषा में बने वाली फिलिमो में आपन बहुते योगदान देत बाड़े जवना से मिसरी जइसन मीठ एह भाषा के अउरी पसार होखत बा.
पिछला दिने रंगभूमि फिल्म्स के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘‘इंतकाम – एगो बदला’’ के पहिलका गाना कुमार सानू का आवाज में रिकॉर्ड करावल गइल आ एही से फिल्म के मुहुर्तो करावल गइल. फिल्म के गीतकार जे. बी सक्सेना आ राजेश राज, संगीतकार राजेश अनिल, छायाकार अबू शाद, मारधाड़ निर्देशक एस. शेख, आ नृत्य निर्देशक अमित शुक्ला हउवे. ‘‘इंतकाम – एगो बदला’’ फिल्म के मुख्य कलाकार होखीहे आशीष पाठक, कल्पना शाह, श्रीकंकानी, शिवपूजन मौर्या, अभिलाषा, प्रतिभा सिंह, सुजीत कुशवाहा, जय प्रकाश दूबे, माधुरी पाण्डेय आ संजय पाण्डेय.
सह निर्माता एस. के पाठक के ई फिल्म बदला का भावना पर बनावल जात बा. एहमें कुल नौ गो गाना रही जवनन के भोजपुरी के नामचीन गायक अपना आवाज में गइहे. आशीष पाठक के मुख्य भूमिका वाली एह फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से उत्तर प्रदेश के भदोही जिला में करावल जाई.
(अपना न्यूज के रामचन्द्र यादव के भेजल रपट)
0 Comments