कोलकाता मेल

by | Apr 1, 2010 | 0 comments

– भोजपुरिया भईया

सिनेमा हाल खाली रे खाली… अब का बताईं… अपना देश में क्रिकेट सबसे उपर बा… जब से आइपीएल शुरू भइल बा तबसे सिनेमा हाल के रोअल शुरू भइल बा… जेह दिन मैच पड़ जा ता वोह दिन त मैटिनी, इवनिंग, अउर नाईट शो… समुझ लऽ कि खाली रे खाली… जवन सिनेमा हाल में आईपीएल के मैच देखावल जा रहल बा ओकर बजारत त बस पूछऽ मत… सुपरहिट भई.. सुपरहिट… ई वीक.. बहुते कुछ देखे के मिलल…

राज्य सरकार के बजट देखनी… पार्क स्ट्रीट के आग देखनी.. हमरा ख्याल से ओह आग पर काबू पावे खातिर ४५ गो दमकल पहुँचल रहली स,,, ओईजा जमा भइल भीड़ से एकही आवाज सुनाई देत रहे कि अपना कोलकाता के डिजेस्टर मैनेजमेंट के दस में से कतना प्वायंट दिहल जाव? एक भा दू… आ केहू केहू कहे कि निगेटिव मार्किंगो में कवनो बुराई नइखे….खैर जनता… बोले तो पब्लिक,,, ये पब्लिक है भाई पब्लिक….. सब जानती है…

हमहू कई बात जानते हैं आ मानते हैं.. आपन शहर कोलकाता में आईपीएल के चढ़ल बोखार देख के दिल इहे कहेला कि… कौन हऽ रे… के कहऽता कि आपन कंट्री गरीब हवे… अगला साल से त आठ के बदले दस गो टीञ हो जाई.. झीठऽ ललित जीयऽ… तोहार जवाब नइखे… कबो कबो त हमरा इ लागेला कि मोटर व्हेकिल डिपार्टमेंट, कोलकाता म्यूनिसिपिल कार्पोरेशन, फायर ब्रिगेड डिपार्टमेंट के प्राइवेट कई के ललित मोदी जइसन सीईओ के हाथ सौंप देवे के चाहीं… फेन इहो सोचेनी कि कहीं इ प्राइवेट सीईओ अपना के भगवान सोचे लागे त का होई… काहे कि इहो सुने में आवेला कि ललित मोदी कवनो हिटलर से कम ना हऽ…. खैर जइसन चलऽता वइसने चले के चाहीं. तबे नू कहाई कि हम इण्डियन्स की बाते कुछ अउर है…

अखबार में एगो कबर पढ़ के हमरा बहुत दुख पहुंचल रहे… कि क्लास फोर में पढ़े वाली एगो लड़की अपना क्लासमेट के जहर दे दिहलस… ई काली जेलसी के नतीजा रहल कि रियलिटी शो के काला साया…. आज तक हम ना समझ पइनी….दोस्त दोस्त का टिफीन डिब्बा में अब कइसे हाथ लगाई… हमार करेजा त इहे कहलस… ई का कइलू…दोस्ती के नाम पर दाग त देइये दिहलू… नन्हा फरिश्ता जइसन शब्दो पर प्राहर कर दिहलू…. खैर भगवान से इहे प्रेयर बा कि… अब अइसन घटना फेर कबो मत होखो… ना त कृष्ण सुदामा के एक्जाम्पलो गायब हो जाई…..

वोइसे जवन गरमी पड़ रहल बा कि बुझाता… मानो धरती से आराम शब्द गायब हो गइल बिया.. दुपहरिया के त भाई निकलल नइखे जात… शहर कोलकाता में गाँव वाली लू चलत बिया… हम कोलकाता पर कड़ा नजर राखेनी… बाकिर हावरा से लेके बर्दवान तक आ ओने सियालदह से कल्याणी ले, आ दमदम जंक्शन से बनगाँव ले… हम घूमत फिरत रहेनी… आवत जात सबका पर नजर राखेनी… नाम भोजपुरिया भईया है मेरा… मैं सबकी खबर रखता हूं…

रिसेन्टली श्यामनगर गइल रहनी.. ए भाई.. वोईजा कुछ रिक्शा चलावे वाला भाई लोग…. बड़ा गलत तरीका से रिक्शा चलावेला…. कवनो रुल ना माने… रेट त मनबे ना करे… जब जइससन तब तसन… ए भाई मान जा लोग… तनी कायदे से … लोगन ले … बहुत भरोसा बा रिक्शावालन पर… एकरा के रहे दऽ…

हम उत्तरपाड़ा के रामचरन भाई से बड़ा इम्प्रेस्ड बानी…ऊ अपना बिल्डिंग का नीचे एगो बड़हन घइला राख दिहले बाड़न… वोइजा से जे गुजरेला…. ओकरा पिये खातिर एक गिलास ठंडा पानी मिल जाला… ऊ भी फिल्टर्ड…रामचरण भईया.. राउर इ इनिशिएटिव खातिर सलाम… अगर रउवे जइसन दस आदमी अउर कई दे त मजा आ जाई…. आज हमहू अब जा तानी… नेक्स्ट हफ्ता फेर मुलाकात होखी.. तब तक खाति… टा टा बाय बाय टेक केयर…


भोजपुरिया भईया के पुरनका कोलकाता मेल

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up