क्रिकेट के मन्दिर बनइहें मनोज तिवारी

भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी कहले बाड़न कि ऊ विश्वकप विजेता भारतीय क्रिकेट टीम के सम्मान में एगो मन्दिर बनवइहें जवना में सगरी खिलाड़ीयन के मूर्ति लगावल जाई. मन्दिर मनोज तिवारी के गाँव अतरवलिया में बनावल जाई. एह मन्दिर के बनवावे में करीब तीस लाख रुपिया लागे के अनुमान बा मनोज तिवारी के. मूर्ति बनावे खातिर जयपुर से मूर्तिकार बोलावल जइहें आ जयपुरे के संगमरमर इस्तेमाल कइल जाई. मन्दिर के रुप रेखा का बारे में मनोज तिवारी के कहना बा कि एगो बड़हन चबूतरा पर बल्ला आ गेंद के बड़हन मूर्ति रही जवन एक किलोमीटर दूरे से देखल जा सकी. कहलन कि दक्षिण भारत में एह तरह के बात आम होला जहवाँ कई गो फिल्मी सितारन के मन्दिर बनल बा. मनोज तिवारी के दावा बा कि मन्दिर छह महीना का भीतर बना लिहलजाई काहे कि मन्दिर उनुका निजी जमीन पर बनावल जाई.
खास बात ई बा कि अपना छात्र जीवन में मनोज तिवारी क्रिकेट के खिलाड़ी रहले आ आजुवो उनुका एह बात के अफसोस रहेला कि ऊ खिलाड़ी काहे ना बनलन.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

2 thoughts on “क्रिकेट के मन्दिर बनइहें मनोज तिवारी”
  1. Manoj bhai esse achha ta aap garib logan ka eskul ya koi rojgar ka kam karte to aachha rahta,

    aap ka
    DINESH CHANDRA GUPTA
    A/P- VIDYA BHAWAN NARAIANPUR
    DIST- BALLIA (UP)277213
    9830905865

  2. Very good Monaj ji u r doing good job for our society and you promot our Culture God bless you

    thankyou

    vicky 09538919720

Leave a Reply to vikasCancel reply

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up