अपना व्यस्त शूटिंग शेड्यूल के देखत सिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनंद चाहत बाड़े कि आपन हवाई जहाजे खरीद लेसु. काहे कि तब अधिका काम कर सकीहें.
दरअसल विनय आनन्द एह घरी लगातार शूटिंग में व्यस्त बाड़े. पिछला दिने ‘बिहारी टाईगर’ के शूटिंग से लवटि के ‘बिहारी रिक्शावाला’ के शूटिंग कइलन. ‘बिहारी रिक्शावाला’ प्रदर्शन का पहिलही से खूब चर्चा में बा. एहमें विनय आनंद आ अंजना सिंह के जोड़ी पहिला बेर नजर आई. साथे रहीहें खलनायक नं॰ १ संजय पांडे.
(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया)
bhut hi brhiya khaln anand ji singer actor mohan pathak 9532223522