फिल्म बिगुल का सेट पर अक्षरा, रविकांत, आ हेदर काजमी
सिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज हैदर काजमी आ अक्षरा सिंह के फिल्म ‘बिगुल के रहस्य गहरात जाता कि आखिर एहमें अइसन का बा कि एकरा के लुकावल जात बा. एडिटिंग चलत बा बाकिर कहवाँ? ई ना त हैदर काज़मी के पता बा ना अक्षरा सिंह के. फिल्म में हैदर काजमी के भूमिका का बारे में पूछला पर निर्देशक रविकांत के जबाब मिलल कि एह खातिर फिलिम देखे पड़ी. बस अतने बतवलें कि ‘बिगुल’ भोजपुरी फिल्म ना होके अइसन फिलिम ह जवना के भाषा भोजपुरी ह. रहस्य के अदाज अइसन बा कि ‘बिगुल’ के प्रचारो टीम के एगो फोटो ले नइखे दिहल जात.
‘बिगुल’ के निर्माण नमन इंटरप्राइजेज के बैनर तले होत बा. कथा पटकथा खुद निर्देशक रविकांत के लिखल बा. संवाद मनोज पांडे आ रविकांत के, गीत रविकांत आ एस. कुमार के, संगीत नजाकत सुजाद के, फोटोग्राफी रूपांग आचार्य के, प्रोडक्शन डिजाइन संजय यादव के, एडीटींग गोपाल राधानी के , नृत्य निर्देशन अशोक मयंक के आ मारधाड़ निर्देशन हीरा यादव के.
कलाकारन में हैदर काजमी, अक्षरा सिंह, जितेन्द्र यादव के अलावा श्रेया शर्मा, मनीष खन्ना, संजय कुलकर्णी, कृष्णा गोपाल, सुप्रिया गोपाल अउर संगीता रमन के मुख्य भूमिका बा.
हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी.
अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर
आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN
अँजोरिया के भामाशाह
अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे - anjoria@uboi
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय anjoria@outlook.com पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.
(1)
18 जून 2023 गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(3)
24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023 फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023 पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(5)
5 अगस्त 2023 रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया
सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में।
बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में।
घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया,
चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में।
- संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से
0 Comments