गौरवशाली अतीत लहलहात वर्तमान – रवि किशन

by | Apr 16, 2012 | 0 comments

बिहार शताब्दी समारोह का मौका पर रविकिशन सगरी बिहार के बधाई देत कहलन कि रउरा सभे बधाई के पात्र बानी कि बिहार में जनमलीं जवना के अतीत गौरवशाली रहल आ आजु वर्तमानो लहलहात बा. कहलन कि बिहार के गौरवशाली अतीत का बारे में कुछ कहला क जरूरत नइखे काहे कि ओकरा बारे में त हमनी का इतिहास का किताब में पढ़त आइल बानी जा. आ आजु बिहार के वर्तमान अनेके राज्यन खातिर उदाहरण के बाति बन गइल बा.

अपना बारे में बतावत रवि किशन कहलन कि पिछला दस साल में जतना बेर अपना गांवे जौनपुर नइखीं गइल ओहले बेसी त बिहार गइल बानी. रविकिशन के पहिला भोजपुरी फिल्म “सैयां हमार” क शूटिंग बिहारे में भइल रहे. बिहार के हर जिला घूम चुकल बाड़े रविकिशन आ एह दौरान देखलन कि दस साल के पहिले के बिहार आ आजु का बिहार में बहुते बदलाव आइल बा. नीतीश बाबू का बदौलत बिहार आजु मुसुकात लउकत बा. रवि किशन ऊ दिन याद कइलन जब आजु से चार साल पहिले पहिला बेर सरकारी तौर पर “बिहार दिवस” मनावल गइल रहे आ ओह मंच पर रवि किशन मौजूद रहलन.

रवि किशन का शब्दन में कहीं त बिहार दुनिया के ज्ञान बँटलसि, सभ्यता सिखवलसि, लोकतंत्र के सिद्धांत दिहलसि आ बिहारे शासन कइल सिखवलसि. जय बिहारी, जय बिहार !


(उदय भगत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up