‘‘जख्मी औरत‘‘ में रानी चटर्जी, प्रेम नागवंशी आ शुभम तिवारी

by | Jan 26, 2012 | 0 comments

आकाशदीप मूवीज अउर प्रभाकर गोपीनाथ खरबे के प्रस्तुति अनुष्का मूवीज के बैनर तले बने वाली भोजपुरी फिल्म ‘‘जख्मी औरत’’ के शानदार मुहूर्त पिछला दिने मुंबई गोरेगाँव के कृष्णा स्टूडियो में करावल गइल. एह मौका पर फिल्म के सगरी कलाकार मौजूद रहले आ गीत रिकार्डिंग करा के मुहुरत् करावल गइल.

निर्माता आजेश मिश्रा आ निर्देशक कौशल किशोर के एह फिल्म के गीत राजेश मिश्रा आ अशोक सिन्हा के लिखल रहे. संगीत दिहले छोटे बाबा आ इंदू सोनाली अउर मोहन राठौड़ आपन आवाज दिहले. नारी प्रधान फिल्म “जख्मी औरत” जुल्म के शिकार भइल एगो औरत के कहानी होखी जवना में नायिका रहीहें भोजपुरी स्टार अदाकारा रानी चटर्जी आ साथ में रहीहे प्रेम नागवंशी, शुभम तिवारी, नेहा मेहता, कुमारा राजेश, राखी अरोड़ा, अशोक त्यागी, सोनू झा, धर्मेन्द्र सिंह अउर दीपक भाटिया. फिल्म में चार गो खलनायकन के जबरदस्त देखे के मिली.

लेखक हउवे मनोज पाण्डेय, छायांकन हवे मनोज सी. कुमार के आ मारधाड़ करवले बाड़े दिलीप यादव. एह फिल्म के शूटिंग वापी आ गुजरात के लोकेशन पर करावल जाई. योजना बा कि मई महीना में एकर धमाकेदार रिलीज करावल जाई.
संजय भूषण पटियाला के रपट

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up