pub-4188398704664586

जारी भइल त्रिनेत्र के संगीत

by | Apr 21, 2011 | 0 comments

पिछला दिने वीनस म्यूजिक कंपनी भोजपुरी फिल्म “त्रिनेत्र” के संगीत जारी कइलस. इन्फिनिटी इंटरटेनमेंट का बैनर में बनल एह फिल्म में नौ गो गीत बाड़ी सँ. वइसे त सगरी गाना लोग के पसन्द आ रहल बा बाकिर तीन गो गाना, “भाभी ना भगवान हऊ तूं, कोरवा में आ जा, आ सेक्सी भइल बा” के ढेर लोकप्रियता मिलल बा.

प्रतिमा डी मिश्रा के बनावल एह फिल्म के संगीत अशोक कुमार दीप के आ गीत अशोक कुमार दीप का अलावे प्यारे लाल यादव कवि के लिखल बा. निर्देशक हउवें शाद कुमार. कहानी संतोष मिश्रा के, एक्शन शकील शेख के, नृत्य निर्देशन रामदिवान के आ संपादन गोविंद दूबे के बा. फिल्म के कलाकारन में विनय आनन्द, दिव्या द्विवेदी, पंकज केसरी, रुबी सिंह, सीमा पाण्डे, विजयलाल यादव, धर्मेश, पूजा सिंह वगैरह का साथ सपना आ सीमा सिंह शामिल बाड़े.


(स्रोत – समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586