भोजपुरी गायक आ अभिनेता मनोज तिवारी के जालंधर अइसन भावल कि ऊ बेर बेर एहिजा आवे के इच्छा जाहिर कर दिहलन. कहलन कि ढेर दिन से पंजाब के धरती पर आवे के तमन्ना रहुवे. पंजाब त पहिलहू अइले बाकिर जालंधर के ई पहिला अनुभव बावे.
श्रीरामनवमी शोभायात्रा में शामिल होखे आइल मनोज तिवारी जालंधर के लोग से मिलल प्यार आ प्रशंसा से अभिभूत बाड़े. ऊ श्री देवी तालाब मंदिर प्रबंधक कमेटी के प्रधान शीतल विज के आभार जतवले आ कहले कि जबे मौका मिली जालंधर आवल चहीहें.
बिग बास के चरचा चलल त कहले कि एह रियलिटी शो से उनुका अपना करियर में बढ़िया रिस्पांस मिलल. एगो नया दिशा मिलल जिनिगी खातिर त लोग के नेहो छोह भरपूर मिलल.
(शशिकांत सिंह के रपट से)
0 Comments