टी.वी. शो आ पार्श्व गायन में व्यस्त ममता राउत

by | Jul 10, 2012 | 0 comments

भोजपुरी के सबले बड़हन रियलिटी शो ‘सुर-संग्राम’ के उपविजेता रहल चर्चित पार्श्व गायिका ममता राउत रोज नया नया कामयाबी हासिल करत जात बाड़ी, फिल्म ‘पियवा बड़ा सतावेला’ के सुपर हिट गीत ‘झाड़ू पोछा करब नाही…’ से ममता राउत अपना पार्श्व गायन के शुरुआत कइले रही. गाना स्टार हिरोईन रानी चटर्जी पर फिल्मावल रहे आ एह गाना से ममता राउत के बहुते लोकप्रियता मिलल.

अब दूरदर्शन पर प्रसारित होखत टी.वी. शो ‘भारत की शान’ के गायन प्रतिस्पर्धा में ममता राउत लगातार तीन हफ्ता से ‘बेस्ट परफार्मर ऑफ़ डे’ रहल बाड़ी आ ई सिलसिला अबहियो जारी बा. शो के एकंर मनोज तिवारी आ जज इस्माईल दरबार अउर उषा उत्थप बाड़ी. ममता के मधुर आवाज़ के कायल सुनेवालन का साथे जजो लोग हो गइल बा.

अबहीं ले लगभग तीस गो फिलिमन में पार्श्वगायन कर चुकल ममता राउत हालही में महेश्वर फिल्म्स इंटरनेशल के बैनर में बने जात फिल्म ‘ग़ईलऽ पिया परदेश’ क टाईटल गीत के आपन आवाज़ दिहली. एह फिल्म के निर्माता नवीन झा अउर मनोज महेश्वर, संगीतकार बसंत पंडित, गीतकार नवीन झा आ रिकार्डिस्ट गोपाल चतुर्वेदी हउवें. ममता ‘निरहुआ” अभिनीत “इज्ज़त” फिलिमों में एगो गीत गवले बाड़ी जवना के बोल ह ‘बोलऽ खईबऽ कि करबऽ जियान ए राजा’. प्यारेलाल यादव के लिखल एह गीत के संगीत राजेश रजनीश दिहले बाड़न.


(अपना न्यूज के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up