थियेटर कलाकारन के पीड़ा देखावत फिल्म ‘गुलाब थियेटर’

by | Mar 15, 2012 | 0 comments

भोजपुरी फिल्म ‘‘गुलाब थियेटर’’ के कहानी में सगरी दुनिया के कलाकारन के पीड़ा देखावल गइल बा. एह फिल्म के निर्माण मेंहदी हसन ज़फर कमाल फिल्म्स के बैनर तले कइले बाड़न. लेखक-निर्देशक कमर हाजीपुरी, कैमरामैन त्रिलोकी चौधरी, सह-निर्माता गुफरान अहमद आ बबीता रिपु, संगीतकार सी. बनवीर आ सतीश मुन्ना, गीतकार विरेन्द्र पण्डे आ कमर हाजीपुरी, नृत्य निहाल सिंह, संकलन नकुल प्रसाद, आ एक्शन दर्शन सिंह के बावे. प्रमुख कलाकारन में विनय आनंद, कल्पना शाह, सुमित बाबा, बृजेश त्रिपाठी, विजय खरे, क्षितिज प्रकाश, अर्जुन सिंह, इफ़्तखार अहमद, गुड्डू, इलियास आ आइटम गर्ल सीमा सिंह बाड़ी.

पिछला दिने परवानी स्टूडियो, मुंबई सी.एस.टी. के आस पास आ बसरा स्टूडियो में फिल्म के सीन शूट कइल गइल. एह फिल्म में एहो थियेटर कलाकार रूबी सिंह के कहानी देखावल गइल बा. नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा से शिक्षा लेके आइल रूबी सिंह मजबूरी में गुलाब थियेटर में काम करत बाड़ी आ उनुके नाम दिहल गइल बा गुलाब बाई.

प्यार में हारल, वक्त के मारल रूबी सिंह के थियेटरो में सुकून नइखे मिलत. थियेटर मालिक के धँउस, पुलिसवालन के खराब हरकत, नेतवन के ललचाइल नजर, ज़मीनदारन के जुल्म आ दर्शकन के गंदा फिकरेबाजी छोड़ ओकरा दोसर कुछ नइखे भेंटात. बाद में रूबी का जिनिगी में ड्राइवर कौशल सिंह मसीहा बनके आवत बा आ रूबी के पुरान प्रेमी विकासो आ जात बा, अब रूबी फेरू अपना के जिनिगी का दोराहा पर पावत बाड़ी. आगे का होखत बा इहे फिल्म के दिलचस्प मोड़ रही.


(समरजीत के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up