pub-4188398704664586

‘दयावान’ के प्रमोशन करे निकलले रिंकू घोष संगे मनोज तिवारी

by | Mar 31, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी आ ड्रीम गर्ल रिंकू घोष पिछला दिने अपना फिल्म ‘भईया हमार दयावान’ के प्रमोशन खातिर जब वितरक हरीश जायसवाल आ निर्देशक असलम शेख का साथे मुंबई के नवरंग सिनेमा आ भिवंडी के सिनेमा घर चहुँपलें त ओहिजा एह लोग के एक झलक पावे खातिर सिनेमाघर खचाखच भर गइल आ बहरियो हजारन के भीड़ जमा हो गइल.

मनोज तिवारी आ रिंकू घोष से हाथ मिलावे, ऑटोग्राफ लेबे खातिर भगदड़ मच गइल. केहू तरह एह लोग के सिनेमा घर के स्टेज पर ले आवल गइल. एहिजा वितरक हरीश जायसवाल दर्शकन के मरजी समुझत मनोज तिवारी के माइक थमा दिहलन. मनोज तिवारी आ रिंकू घोष के कैमरा में क़ैद करे खातिर मीडियो के लोग उत्साह देखावल आ दर्शको भर हीक अपना अपना कैमरा से फोटो खींचले.

मनोज तिवारी जब दर्शकन से पूछलें कि फिल्म कइसन लागल त सभकर कहना रहे कि बहुते साथ सुथर आ परिवार संग देखे लायक बावे. एह पर मनोज तिवारी कहलन कि त फेर अपना पूरा परिवार का साथे आ के फिलिम देखीं.

एह मौका पर मनोज तिवारी देवी गीत गा के सुनवले. रिंकू घोष के माइक दिहल गइल त ऊ दर्शकन से भोजपुरी में बतियवली आ मनोज तिवारी के खूबे तारीफ कइली. हरीश जायसवाल, निर्देशक असलम शेख, मोनालिसा, आ अवधेशो मिश्रा वगैरह दर्शकन से रूबरू भइले.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586