दुबईओ में चलल रवि किशन के जादू

by | Oct 19, 2011 | 0 comments

रविकिशन भोजपुरी फिलिमन के इकलौते अभिनेता हउवन जे हिंदीओ सिनेमा में आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करवले बाड़े. आजु ऊ हिंदी के सगरी नामी गिरामी बैनर आ सितारन का साथे काम करत बाड़े. एह शुक के रिलीज फिल्म “अजान” में रवि किशन के सराहे जोग भूमिका बा आ फिल्म समीक्षक उनुका काम के बहुते तारिफ कइले बाड़े. रवि किशन एह फिल्म में एगो रॉ अधिकारी के भूमिका में बाड़न.

हाल ही में रवि किशन बिहार आ उत्तरप्रदेश में एह फिल्म के प्रोमोशन कइलन जवना खातिर निर्माता उनुका के विशेष विमान दिहले रहुवन. दुबई में आयोजित एह फिल्म के प्रीमियर में रवि किशन ख़ास आकर्षण रहले. सोशल नेटवर्किंग वेबसाईट से रवि किशन के दुबई में होखला के जानकारी मिलते उनुकर सैकड़ों फैन ग्रांड हयात सिनेप्लेक्स में पहुच गइले आ प्रीमियरो का बेरा रवि किशन के जुमला “जिन्दगी झंड बा फिर भी घमंड बा” गूंजता रहल

जाने जोग बाति बा कि दुबई में भोजपुरियन के तादात बहुते बा आ अपना सितारा के ओहिजा पा के उनुका अपना माटी के खुशबू के एहसास हो गइल. रवि किशन के कहना बा कि आजु भोजपुरी सिनेमा के दुनिया के विभिन्न देशन में बसल भोजपुरी भाषी जाने चाहत बाड़े. दुबई में अपना प्रशंसकन से मिलल प्यार से अभिभूत रवि किशन कहले कि भोजपुरी सिनेमा अब बिहार उत्तरप्रदेश के सीमा लांघत सात समंदर पार ले चहुँप गइल बा आ जल्दिये एह भाषा के बढ़िया फिलिमन के विदेशीओ दर्शक देखे लगीहें.


(स्रोत : उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up