सिनेमा भोजपुरी के अव्वल खलनायक संजय पांडे पहिला बेर हिन्दी सिनेमा के ‘ही मैन’ चर्चित अभिनेता धर्मेन्द्र संगे निर्माता निर्देशक विमल कुमार के पहिला भोजपुरी फिलिम ‘देश परदेश’ में नज़र अइहें. एह फिलिम में संजय पांडे मुख्य खलनायक आ सुपर स्टार पवन सिंह नायक बाड़े. चर्चित अभिनेता धर्मेन्द्र संगे काम करे के मौका देख संजय पांडे बहुते उत्साह में बाड़े. कहना बा कि धर्मेन्द्र जी आ विमल जी के फिलिम बचपने से देखत आइल बाड़े. जब विमल कुमार जी एह फिलिम के ऑफर दिहलन आ बतवलन कि एहमें धर्मेन्द्रो जी रहीहें त हम तुरते तइयार हो गइन अतना बड़ निर्देशक आ अभिनेता के फिलिम करे के. हमरा ला त ई सौभाग्य के बात बा.
वइसे आजुकाल्हु संजय पांडे भोजपुरी फिलिम ‘दिलदार सांवरिया’ के शूटिंग में लागल बाड़े. ई फिलिम तन्वी मीडिया के बैनर में बनत बा.
(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया)
0 Comments