धारावाहिक रामायण के लक्ष्मण के पिता डॉ. लहरी आपन देहदान कइले

by | Mar 2, 2012 | 0 comments

लोकप्रिय ‘रामायण’ धारावाहिक में लक्ष्मण के रोल करे वाला अभिनेता सुनील लहरी के पिता आ भोपाल के जानल मानल चिकित्सक डॉ. शिखरचन्द्र लहरी आपन पूरा जिनिगी चिकित्से जगत के दिहलन आ मरला का बाद आपन देहो चिकित्सा जगत के विद्यार्थियन के समर्पित कर दिहले. डा॰ लहरी दस साल पहिले देहदान के संकल्प लिहले रहले आ उनुका निधन का बाद उनुकर ई इच्छा सुनील लहरी समेत पूरा परिजनों पूरा दिहलन.

अभिनेता सुनील लहरी बतवले कि 82 साल का उमिर में पिताजी के निधन भोपाल के चूना भट्ठी स्थित सोम्या विहार कालोनी में हो गइल. तब उनुका ईच्छा मुताबिक पहिले त नेत्र दान खातिर भोपाल के सेवा सदन अस्पताल से संपर्क कइल गइल आ ओकरा बाद भोपाल के कोलार क्षेत्र के जेके मेडिकल कॉलेज के फोरेंसिक साइंस के डायरेक्टर डॉ. डीके सत्पथी से संपर्क कइल गइल. साँझ लगभग छह बजे डॉ. सत्पथी उनुका निवास पर अइलन आ कानूनी औपचारिकता पूरा करा के उनुकर पार्थिव शरीर अपना साथे लेले गइलन.

सुनील लहरी कहलन कि उनुकर दादा भगवानदास लहरीओ आजीवन समाज सेवा से जुड़ल रहले आ पिताजी के उनुकेस प्रेरणा मिलल रहुवे. अब डॉ. लहरी के नाम पर एगो ट्रस्ट बनावल जात बा जवन गरीब विद्यार्थीयन के मेडिकल पढ़ाई खातिर साठ हजार रुपिया तकले के मदद दी. साथही एगो भव्य चिकित्सालयो बनावल जाई. सुनील इहो बतवलन कि डॉ. लहरी एक दिन में 300 आपरेशन के रिकार्ड बनवले रहले आ भोपाल गैस कांड के हजारो पीड़ितन के इलाज कइलन. साल 1930 में एगो आम परिवार में जनमल डा. शिखरचन्द्र लहरी के एह कदम के हर तरफ सराहना होखत बा.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up